नयी दिल्ली। केन्द्र सरकार आज स्वीकार कइलस कि ओकरा राष्ट्रीय ग्रामीण रोजगार गारंटी योजना (नरेगा) के कार्यान्वयन में गडबड़ी के कई गो शिकायत मिलल बाटे, आ एह संबंध में कमियन के दूर करे खातिर प्रयास कइल जा रहल बाटे।ग्रामीण विकास मंत्री सी पी जोशी आज एहिजा के सी वेणुगोपाल आ उदय सिंह के सवालन के लिखित जवाब में लोकसभा के ई जानकारी दिहलन। उनुकर कहनाम बा कि एह संबंध में करीब 1010 शिकायत मिलल बाडे सन, जवना में सबसे बेसी शिकायत उत्तर प्रदेश में मिलल बाटे। मंत्री के कहनाम बा कि उत्तर प्रदेश में 337 शिकायत मिलल बाडी सन, आ एकरा अलावा राजस्थान से 138, मध्य प्रदेश से 158 आ बिहार से 103 शिकायत मिलल बाटे।



