बलिया। उत्तर प्रदेश में बलिया जिला के हल्दी क्षेत्र में सोमवार सबेरे गंगा नदी में नाव पलट गइला से 50 लोगन के मौत जे आशंका जतावल जा रहल बाटे, जबकि 25 लोग अभियो लापता बा। सरकारी सूत्रन के अनुसार ई लोग मुंडन कराये जात रहे।ई घटना दुबहट थाना क्षेत्र के उजौलिया घाट के हवे, जहंवा आज सबेरे करीब 75- 80 लोगन के लेके जा रहल एगो नाव गंगा नदी में डूब गइल। स्थानीय पुलिस सूत्रन के मुताबिक एह नाव के क्षमता 30 लोगन के हवे, लेकिन एह पर क्षमता से करीब तीन गुना बेसी लोग सवार रहे। एह यात्रियन में औरतन आ छोट लइकन के ढेर तादात रहे, आ ई लोग उजौलिया घाट से नाव पर सवार होके मुंडन संस्कार के रस्म खातिर दोसरा किनारा प अर जात रहे। गंगा के बीच में पहुंचला पर अधिक भार के कारण नाव अनियंत्रित होकर पलट गइल। डूबला के बाद नाव पर सवार करीब बीस लोग तैर के किनारे पर आ गइल, जबकि काफी लोग डूब गइल।
बलिया के जिलाधिकारी सैंथिल पांडियन के कहनाम बा कि मरे वाला लोगन के संख्या में अभी इजाफा हो सकेला, काहें कि नाव पर सवार कई लोग अभी भी लापता बा। जिला प्रशासन के आला अधिकारी आ पुलिस घटनास्थल पर पहुँच गइल बाटे, आ राहत अउर बचाव कार्य जारी बा। अभी तक बीस लोगन के शव निकालल गइल बाटे।



