Home Samachar Uttar Pradesh तस्करन से बरामद भइल सात करोड़ के अफीम

तस्करन से बरामद भइल सात करोड़ के अफीम

E-mail Print PDF
share
सीतापुर। उत्तर प्रदेश के सीतापुर जिला के लहरपुर थाना क्षेत्र में सोमवार के पुलिस जांच के दौरान दूगो तस्करन के गिरफ्तार कइ के उनका पास से दस किलो अफीम बरामद कइलस, जेकर कीमत सात करोड़ रुपया बतावल जाता।
   
पुलिस अधीक्षक ज्योति नारायण के कहनाम बा कि राजेन्द्र प्रसाद अउर राजेश पासी नामक दूगो तस्करन के पुलिस जब जांच के दौरान भटहारी रोड के पास रोकलस, तबे ई अफीम बरामद भइल, जवन कि नेपाल से तस्करी कर के लिआवल जात रहे।

ऊ कहलन कि बरामद भइल अफीम के अन्तरराष्ट्रीय बाजार में सात करोड़ के कीमत आंकल गइल बाटे। पुलिस एह गिरफ्तार तस्करन से पूछताछ कइ रहल बिया, ताकि सीमा पार से हो रहल तस्करी करे वाला गिरोह के बाकी सदस्यन के पकड़ल जा सके।
 
click here