Home Samachar Vishesh अ. भा. भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 23वाँ अधिवेशन

अ. भा. भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 23वाँ अधिवेशन

E-mail Print PDF
अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन (पटना) के 23वाँ राष्ट्रीय अधिवेशन दिनांक 23-24 जनवरी 2010 के छत्तीसगढ इकाई, विलासपुर के शहीद विनोद चौबे नगर में आयोजित भइल।
 
एकर उदघाटन मुख्य अतिथि मा. अमर अग्रवाल (स्वास्थ एवं राजस्व आ वाणिज्य कर मन्त्री), पं. श्यामलाल चतुर्वेदी, आ प्रो. ब्रजकिशोर के अध्यक्षता में कइलन। एह उदघाटन के बाद डॉ. राजनारायण दीक्षित, डॉ. जौहर साफियावादी, गिरिजा शंकर राय ‘गिरिजेश', डॉ. गुरू चरण सिंह, स्थायी समिति के बैठक कइलन। खुला अधिवेशन सत्र में डॉ. राजनारायण दीक्षित स्वागत भाषण अउर मुख्य अतिथि के भाषण देहलन। सांस्कृतिक कार्यक्रम में स्वर सम्राट कुमार चन्दन आ पार्टी, माधव चन्द्रकार आ पार्टी फाग गायन कार्यक्रम में समा बांधलन।

कार्यक्रम के दूसरका दिन छत्तीसगढी आ भोजपुरी भाषा के अन्तसंबंध विषयक वैचारिक गोष्ठी  के विषय प्रवर्तन अउर संचालक डॉ. जयकान्त सिंह ‘जय' कइलन। डॉ. विनय पाठक, प्रो. नन्द किशोर तिवारी, डॉ. गुरूचरण सिंह, आ भगवती प्रसाद द्विवेदी सारगर्भित भाषण दिहलन, अगिला सत्र बोलियन के संघर्ष यात्रा आ राष्ट्रभाषा हिन्दी के परिकल्पना, भोजपुरी आ  छत्तीसगढी के पढ़ाई के समस्या आ समाधान गोष्ठी के विषय प्रवर्तन डॉ. रवीन्द्र  शाहाबादी आ मंच संचालन डॉ. जीतेन्द्र वर्मा कइलन। कृष्णानन्द कृष्ण, प्रो. नन्दकिशोर तिवारी, मन्नू राय, जौहर साफियाबादी, राजनारायण दीक्षित, डॉ. अशोक कुमार दीक्षित आपन वक्तव्य देहलन।
 
समापन सत्र में भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी भाषा अउर साहित्य के स्थिति पर चर्चा भइल अउर 8वीं अनुसूची में शामिल करे खातिर जोरदार मांग भइल। एहमन हो रहल देरी पर डॉ. गुरूचरण सिंह, जौहर साफियाबादी, मन्नू राय, डॉ. जीतेन्द्र वर्मा समेत कई साहित्यकार ‘भोजपुरी स्वाभिमान आन्दोलन' जवन आम जनता के साथ सड़क से संसद तक करे खातिर दृढ़ संकल्प लेहलन। जेकर करतल ध्वनि से स्वागत भइल।

अन्तिम सत्र में कवि सम्मेलन  के आयोजन भइल। जवना के अध्यक्ष गिरिजा शंकर राय ‘गिरिजेश', सनत कुमार तिवारी आ बुधराम यादव अउर संचालन डॉ. गुरूचरण सिंह कइलन। कविगण में डॉ. जीतेन्द्र वर्मा, जौहर साफियाबादी, डॉ. जयकान्त सिंह ‘जय', अरविन्द विद्रोही बृजमोहन प्रसाद ‘अनारी', मन्नू राय, डॉ. अजय पाठक, सतीस्वर मिश्र अपने काव्य प्रस्तुति से ताली के साथे खुब बाहबही लुटलन। धन्यवाद ज्ञापन डॉ. अजय पाठक कइलन।

प्रस्तुति - हरिप्रताप सिंह, पंकज कुमार