Home Samachar World मैजिक टीवी पर श्री श्री रविशंकर के सानिध्य के आनंद लीं

मैजिक टीवी पर श्री श्री रविशंकर के सानिध्य के आनंद लीं

E-mail Print PDF
share
भोजपुरिया लोगन के बीच आपन पैठ बना चुकल मैजिक टीवी के दर्शकन खातिर एगो बढिया समाचार बाटे। विश्व- विख्यात आध्यात्मिक नेता आ मानवतावादी धर्मगुरु श्री श्री रवि शंकर जी के प्रवचन अब रोज सबेरे रउरा मैजिक टीवी पर सुन सकेनी।

"हमनी के टीवी चैनल के मकसद खाली मनोरंजन नइखे, बल्कि ओकरा संगे- संगे हमनी का आदमी के जिनगी में भी बदलाव चाह तानी जा, आ जिनगी जिये, दोसरा लोगन के सेवा करे के, आ शरीर आ आत्मा के बीच तालमेल बनाये के कला श्री श्री रविशंकर जी से बेहतर के सिखा सकेला," मैजिक टीवी के अशोक गुप्ता जी कहलन।

श्री श्री रवि शंकर जी के उनुकर भक्त लोग आदर से "श्री श्री" के नाम से पुकारेला, आ ऊ अन्तरराष्ट्रीय जीवन जीये के कला फाउन्डेशन (Art of Living Foundation) के संस्थापक बाडन। दुनिया भर में उनुकर लाखों शिष्य बाडे, आ उनुकर संस्था हर विपदा के समय पीडित मानवता के सहायता खातिर तैयार रहेले।

मैजिक टीवी पर इ खास कार्यक्रम रोज सबेरे 8 बजे, आ शाम के 6 बजे देखल जा सकेला।

 

 
click here