दाल पिठावरा अपना में एगो सम्पूर्ण भोजन हा एमे प्रोटीन कार्बोहाइड्रेट ,विटामिन,और मिनरल सब मिल जाला ,आजकल लोग लो कैलोरी भोजन पसंद करेला ओकरा खातिर बहुत सही भोजन हवे.
1 Users Voted
पिठौव्रा के सामग्री
आटा 250g
सत्तू 1bad चम्मच
अज्वैन चुटकी भर
नमक चुटकी भर
ईसब के मिला के तानी कड़ा आटा गूथ ली
दाल खातिर सामग्री
चना दाल ,मसूर दाल मूंग दाल ,अरहर दाल सब सामान मात्रा में ,करीब २००ग या अंदाज से
तड़का या छौंक खातिर सामग्री---दू गो प्याज,१० या १५ कलि लहसुन,हरियर मिर्चा,तनी अदरख,२गो टमाटर सबके महीन कट ली,१चोत चम्मच गरम मसाला पावडर,जीरा,हिंग,खड़ा लाल्मारिचा,देशी घीव
विधि- दाल के धोके हल्दी नमक और तेजपत्ता डाल के कुकर में आधा पका ली (करीब २ सिटी बजे तक)
और गणेश जी के ख़ास सलाह हा कि दाल में संभार मसाला dalala पर और स्वादिष्ट बानी........
अब जइसन चित्र में बा, वइसहीं आटा के लोई के तनी बेल के गढ़ ली.
अब कुकर के ढक्कन खोल के तनी पानी और मिला के पकावत रही और ओमे गढ़ल पीठी के डालत जाई और धीमे आंच पर करीब २० मिनट तक पकाई पीठी कुल ऊपर उतराए लगी एकता मतलब पिठौव्रा तैयार ho गइल बा ,
अब चौंके खातिर घीव गरम करके ओमे जीरा हिंग,बाकी सब समान डाल के भुन्लेवे के बा फेर ओके दाल पिथाव्रा में मिला देवे के बा
अब change गइल तैयार दाल पिथौरा तैयार ,अब चोखा,अचार ,पापड़ और चटनी के साथ सर्पोट सर्पोट के खाई सभे ........:-)
Additional Tips
ई रेसीपी बना के हमनी के आपन राय दीं.