Home Music News नया साल के जश्न मनाईं मैजिक टीवी पर

नया साल के जश्न मनाईं मैजिक टीवी पर

E-mail Print PDF
share
नई दिल्ली। वइसे त सभ चैनलन पर नया साल के जश्न जोर-शोर से मनाये के तैयारी बा, आ एह सब के बीच मैजिक टीवी राउर नया साल के यादगार बनाये खातिर कमर कस लेले बाटे। आज शाम से मैजिक टीवी पर “मैजिक का धमाल” शुरु होई, जवन कि देर रात तक जारी रही।

एह विशेष कार्यक्रम में नृत्य, संगीत आउर हास्य-व्यंग्य के एगो अदभूत सम्मिश्रण देखे के मिली, जवना में भोजपुरी लोकगायक गोपाल राय आ बाकी कलाकारन के उपस्थिति चार चाँद लगा दी। मैजिक टीवी से सबसे प्रसिद्ध कार्यक्रमन में से एक मैजिक अंताक्षरी के भी आज नया साल पर खास एपीसोड प्रसारित कइल जाई। ओकरा अलावा राशिफल 2010 में देश का संगे-संगे सबके वार्षिक आ मासिक राशिफल बतावल जाई, आ कई गो नामी-गिरामी फिल्मी हस्तियन के नया साल खातिर संदेश भी लोगन के सुनावल जाई।

आ बात खाली एक खास कार्यक्रम के नइखे, बल्कि मैजिक टीवी के रोजमर्रा वाला कार्यक्रम के भी एगो नया अंदाज 31 दिसम्बर आ 1 जनवरी के देखे के मिली। कुल मिला के कहल जा सकेला मैजिक टीवी दर्शकन के एक मिनट खातिर भी दोसरा चैनल पर ना जाये देवे के तैयारी क लेले बाटे। नया साल के स्वागत खातिर तैयार चैनल से जुडल अंदरुनी सूत्रन के कहनाम बा कि एह तरह के कार्यक्रम भारतीय टेलीविजन के इतिहास में कबो नइखे देखावल गइल।

एह नया साल के अवसर पर मैजिक टीवी के चेयरमैन श्री अशोक गुप्ता, मुख्य कार्यकारी अधिकारी श्री संजय सचदेवा आ वरिष्ठ अधिकारी श्री रवि शेखर मैजिक टीवी आ भोजपुरिया डॉट कॉम के सभ दर्शकन खातिर नया साल के शुभकामना भेजले बाडे। हमनी के भी आशा बा कि मैजिक टीवी एही तरह साल-दर-साल भोजपुरिया दर्शकन के मनोरंजन करत रही।
 
Comments (1)
nahi aata hai
1 Tuesday, 19 January 2010 11:03
Ratnesh singh
hamare yaha magik tv nahi aata hai