मुंबई। भोजपुरी लोक गायिकी के भीष्म पितामह कहे जाये वाला प्रसिद्ध लोक गायक भरत शर्मा ‘व्यास’ बक्सर ( बिहार), बनारस, आ दिल्ली के बाद अब देश के आर्थिक राजधानी मुंबई में भी आपन बसेरा बना लिहले बाडे। एतने ना, मुंबई जाते साथ ऊ गायकी का संगे-संगे अभिनय में भी सक्रिय हो गइल बाडन।हाल ही में अखिल विश्व भोजपुरी समाज मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष निर्वाचित भइल भरत शर्मा पिछला हफ्ता अभिनेत्री से निर्मात्री बनल नीतू चंद्रा के पहिला भोजपुरी फिल्म “देसवा” खातिर एगो गाना गवलन। एही दौरान उनसे भइल बातचीत में ऊ कहलन कि ऊ पिछला 39 साल से भोजपुरी लोकगायकी से जुड़ल बाडे, अउर एह दौरान उनकर 300 से बेसी एलबल बाज़ार में आ चूकल बाटे। लगभग 2 दर्ज़न राष्ट्रीय अउर अंतर्राष्ट्रीय सम्मान आ अवार्ड से सम्मानित हो चुकल भरत शर्मा भोजपुरी के चैनल मैजिक टीवी आ महुआ पर भी नित कार्यक्रम देत रहेलन। महुआ के स्वतंत्रता दिवस स्पेशल कार्यक्रम में त भरत शर्मा के जलवा देखे लायक रहे।
भोजपुरी के अन्य गायकन से इतर सादगी पसंद भरत शर्मा के कहनाम बा कि ऊ फिल्म जगत के चकाचौंध के अपना में आत्मसात कइला के बजाए भोजपुरी लोक गीतन के उचित सम्मान दिलाये खातिर प्रयास करिहन। अब एकरा के भरत शर्मा के असर ही कहल जाई कि आज देश विदेश में होखे वाला भोजपुरी के हर महोत्सव में कजरी, फगुआ, निर्गुण आ पूरबी का संगे इनकर उपस्थिति अनिवार्य मानल जाला। बहरहाल, भरत शर्मा के मुंबई में बसेरा बनवला से भोजपुरी फिल्म जगत के खासा लाभ हो सकेला, अउर भोजपुरी फिल्म के दर्शक लोग कुछ माटी से जुडल शानदार गीत सुने के भी अपेक्षा कर सकेला।



बहुत नीक लागल ई समाचार | पढ़के मन अगरा गइल | हमार बधाई स्वीकार करीं |
हमार शुभकामना बा कि अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर भी एह तरह के समाचार जल्दिए सुने के मिलो |
-रामरक्षा मिश्र विमल
mukesh chandra srivastav
journalist
This e-mail address is being protected from spambots. You need JavaScript enabled to view it ,09473081800
aap ka- mukesh chandra srivastav (hindustan buxar) ab hindi dainik kalptaru express(AGRA) me sub editor.
EE SUN KE BAHUT BADHIYA LAGELA KI HAMNI K BHOJPURI BHASA KETNA AAGE JAAT BA
AA AAPPE LOGAN TA BAANIJA KI EKRA KE AAGE BADDAWTAANI JA EKRA KHAATIR BAHUT BAHUT DHANYAWAD
ALOK KUM AR SINGH(MBA STUDENT)
KARAHIYA GHAZIPUR
UP