Home Music News भरत शर्मा के सम्मानित कइले मॉरीशस के राष्ट्रपति

भरत शर्मा के सम्मानित कइले मॉरीशस के राष्ट्रपति

E-mail Print PDF
share
जमशेदपुर। वइसे त भरत शर्मा नियन दिग्गज भोजपुरी गायक खातिर कवनो सम्मान कवनो खास महत्व ना राखेला, अउर भोजपुरिया डॉट कॉम पर पहिले भी एक बार लिखल जा चुकल बाटे कि जवन भोजपुरी संस्था भरत शर्मा जइसन हस्ती के सम्मानित करेले, ई ओह संस्था से जुडल लोगन खातिर गर्व के बात होखे के चाहीं। भोजपुरी के प्रति पूरी तरह समर्पित, अउर अश्लीलता के विरोधी भरत शर्मा जी के मिलल हर सम्मान के भोजपुरिया समाज आपन सम्मान मानेला, अउर ओकरा पर गर्व करेला।

पिछला तीन दशक में भोजपुरी गायकी के पर्याय बन चुकल भरत शर्मा जी के जब पिछला हफ्ता जमशेदपुर में एगो कार्यक्रम के दौरान मॉरीशस के राष्ट्रपति श्री अनिरुद्ध जगन्नाथ जी सम्मानित कइनी, त अइसन लागल कि भोजपुरी अब वास्तव में एगो अंतर्राष्ट्रीय भाषा बन गइल बिया। एह सम्मान के मिलला के तुरंत बाद श्री भरत शर्मा कहलन कि "मॉरीशस के राष्ट्रपति के हाथ से मिलल ई सम्मान हमरा खातिर खास बा, अउर एकरा के भोजपुरी लोक-संगीत के क्षेत्र में एगो मील का पत्थर नियन देखल जाये के चाहीं।" मॉरीशस के माननीय राष्ट्रपति जी एहिजा अपना निजी यात्रा पर रहनी, जवना में उहाँ का कई गो कार्यक्रम में भी भाग लेहनी।

बिहार के एगो गाँव से निकल के दुनिया के कई देशन में भोजपुरी संगीत के जलवा बिखेर चुकल भरत शर्मा के ई सम्मान मिलला पर भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी परिवार का ओर से हार्दिक बधाई आ शुभकामना। हमनी के आशा ही ना बल्कि पूरा विश्वास बा कि भरत शर्मा जी एही लेखां भोजपुरी के नांव देश-दुनिया में आगे बढावत रहब।

Related news items:

 
Comments (3)
बधाई बा
1 Friday, 26 November 2010 13:17
Navin Bhojpuria
हम त एगो बात जानेनी

सितारो को जरुरत नही किसी पहचान की
सुदुर , हर रोज वो अपनी चमक बनाये हुए है

सुरज को जरुरत नही है किसी नाम की
उससे निकली आग ही उसकी पहचान है

भरत शर्मा को जरुरत् नही है किसी ईनाम की
जनता ने तो इन्हे अपने सर आंखो पे बिठाया है


जी हम बिल्कुल सही कहत बानी , जे आदमी भोजपुरिया लोगन के जुबान मे दिल मे दिमाग मे बसल बा वोह के कईसन पारितोषिक कईसन ईनाम ?

भरत शर्मा जी वोह मंच पे गईलन एह खातिर उ मंच के भाव बनल बाकी त सब लोग जानते बा ।

हमार बधाई आ शुभकामना बा !

जय भोजपुरी
मुबारक बाद
2 Monday, 29 November 2010 00:26
rinku
भरत शर्मा भोजपुरी गायिकी के कोहिनूर हउवन,आज हर भोजपुरी भासी के उनकर ऊपर गर्व बवे|
Badhai
3 Friday, 06 May 2011 14:24
Ravi Shankar Kunwar
Bharat jee ke hardik badhai.
Waise hamani ke janatani ja ki uhan ke kauno puraskar ke mohtaaj naikhii. Bhojpuria samaj me unhukar naam hamesha hi aadar aur samman ke saath saath lihal jaat raii.
click here