Home Music News दोहा में लउकल देवी के जलवा

दोहा में लउकल देवी के जलवा

E-mail Print PDF
share
दोहा। दोहा (कतर) के अल-अहली स्पोर्टस कॉम्पलेक्स के नजारा, भोजपुरी संगीत पर झूमत 25,000 से बेसी लोग, अउर स्टेज पर देवी के जलवा... अपना माटी से दूर रह रहल भोजपुरिया लोगन खातिर 17 नवम्बर 2010 एगो यादगार शाम रहल। अउर एकरा के खास बनाये खातिर प्रसिद्ध भोजपुरी गायिका देवी अपना टीम का संगे ओहिजा रहली।

ई मौका रहे दोहा में भोजपुरी, मैथिली आ नेपाली भाषा के खास सांस्कृतिक कार्यक्रम "गैलेक्सी नाइट" के, अउर एह मौका पर नेपाल के राजदूत डा. सुर्यनारायण मिश्रा खास तौर पर मौजुद रहलन। स्टेडियम के माहौल त अइसन रहे कि कार्यक्रम के शुरु भइला के बावजुद बाहर लोगन के लाइन लागल रहे, जे अपना प्रिय गायिका के एक झलक पाये खातिर बेचैन रहे। एह कार्यक्रम के तुरंत बाद देवी कहली - "हम देश-विदेश में सैकडन गो स्टेज शो कइले बानी, लेकिन ई एगो खास मौका रहे। एहिजा दर्शक लोग के उत्साह देख के एक पल खातिर भी ना लागल कि हम देश से बाहर बानी।"

वइसे दोहा में रहे वाला लोग भी देवी के एह कार्यक्रम से अचंभित रहे। दोहा में एगो रियल-स्टेट कंपनी में काम कई रहल रमेश कुमार कहलन कि - "एह तरह के कार्यक्रम देख के अच्छा लागल। हम पिछला 2 साल से एहिजा बानी, लेकिन कार्यक्रम शुरु भइला के बाद लागल कि हम अपना गाँवे पहुँच गइल बानी। देवी के गीतन में एगो जादू बा, आ हमनी का आयोजक लोग से माँग करब कि जल्दिये उनका के दोबारा एहिजा बोलावल जाव।"

देश-दुनिया में भोजपुरी गीतन के माध्यम से हमनी के संस्कृति के प्रचार कइ रहल देवी के भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से शुभकामना।
 
Comments (4)
devi ka jalwa
1 Friday, 03 December 2010 00:23
ashok s atul
nisandeh devi ne samundar par bhojpuiryon ko jhooma diya. pichchle dino devi guwahati me thi. maine dekha tha unka program. devi gaayen, samridhi, soharat paaye, magar aapko lagta hai ke aise kalakar bhojpuri ka jhanda buland kar rahen hai to mujhe nahi lagta ki devi ke bhao bhangima aur gooton me byawarit shabd bhojpuri ko ek sansakari aur pragativaadi tamaga dile sakti.
devi
2 Tuesday, 07 December 2010 11:35
omprakash amritanshu
देवी जी के बारे में बहुत कुछ न बोल के हम बस इतना बोलल चाहत बानी कि
होठवा से चुऽवेला सुरवा के रसवा ,
कि मीठे लागेला !
तोहरी गीतवा के बोऽल देवी,
कि मीठे लागेला !!

गीतकार
ओ.पी .अमृतांशु
devi ke bhojpuri prrogram ki shubhkamana.
3 Tuesday, 07 December 2010 12:18
tej pratap shukla
hiiiiiiiiiiiii
devi g, aapne to nam kar diya bhojpuri bhasha ka aapko main kuch dena chahata hun jo mer pass 1 hi hai aap use shambhal kar rakhiyega jo hai dhanaybad.
sujhav
4 Tuesday, 05 April 2011 11:15
raj
eime ta kawano dorai naikhe ki bhojpuri geet sab geetan se aksha ba lekin aaj kal ke singar log eke ganda bana dele ba ki aap apana pariwar ke sathe baith ke kawano gana naikhee sun sakat eh par rok lage ke chahi bhojpuri aslilata par.