Home Music News भोजपुरी गायक बालेश्वर यादव के निधन

भोजपुरी गायक बालेश्वर यादव के निधन

E-mail Print PDF
share

लखनऊ। मशहूर भोजपुरी गायक बालेश्वर यादव के एहिजा रविवार के निधन हो गइल। उनुकर पारिवारिक सूत्रन के अनुसार 68-वर्षीय बालेश्वर पिछला कुछ समय से बेमार रहलन, अउर उनकर इलाज लखनऊ के श्यामा प्रसाद मुखर्जी अस्पताल में चलत रहे। "हमार बलिया बीचे सजना भुलाईल सजनी" अउर "निक लागे टिकुलिया गोरखपुर के" जइसन गीतन से प्रसिद्ध बालेश्वर के भोजपुरी गीतन में पुरोधा मानल जाला, अउर कई देशन में उनका के "बालेश्वर बाबा" के नांव से जानल जात रहे।


इलाज के क्रम में आज सबेरे अस्पताल में ही ऊ अंतिम सांस लिहलन। उनकर अंतिम संस्कार काल्ह एहिजे बैकुण्ठ धाम में कइल जाई। देश-विदेश में भोजपुरी लोक संगीत के लोकप्रिय बनाये में महत्वपूर्ण भूमिका अदा करे वाला बालेश्वर के सात जनवरी 1995 के उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा यश भारती पुरस्कार से भी सम्मानित कइल गइल रहे। उनका परिवार में उनकर पत्‍‌नी छंगुरी देवी, तीन गो बेटा राजेश, अवधेश अउर मिथलेश समेत पतोह लोग बा।

लोकगायन में 'बिरहा' के एगो अलग पहिचान दिलाये वाला गायक बालेश्वर यादव के जनम एक जनवरी 1942 के मऊ के बदनपुर गांव में भइल रहे। ओहिजे क्षेत्रीय स्तर पर गायकी से उनकर नाम भइला के बाद सांसद स्व. झारखंडे उनका के सुनलन, अउर 1962 में लखनऊ ले अइलन। एकरा बाद बालेश्वर कबो पिछे मुड के ना देखलन। पता ना केतना एलबम रेकार्ड भइल, अउर अनगिनत स्टेज शो भइल। अस्सी के दशक में उनकर लोकप्रियता चरम पर रहे। एक बेर विदेशन में उनकर स्टेज शो शुरु भइल, त लागल कि भोजपुरी लोकगीतन के नया आसमान मिल गइल। ओह समय ऊ हॉलैंड, जर्मनी, मॉरीशस अउर थाइलैंड का संगे-संगे कई यूरोपीय देशन में आपन कार्यक्रम पेश कइलन। विदेशन में उनकर शो के सिलसिला 2008 ले लगातार चलत रहे, जब ऊ सुरीनाम में आपन आखिरी प्रस्तुति देले रहलन।

बालेश्वर यादव के निधन से भोजपुरी संगीत इंडस्ट्री में शोक के लहर दौड गइल बाटे। भरत शर्मा, गोपाल राय, देवी, अशोक कुमार दीप, राकेश उपाध्याय अउर कई अन्य लोग एह खबर से सदमा में बा, अउर उनका आत्मा के शांति खातिर भगवान से प्रार्थना कइ रहल बाटे। एकरा अलावा फिल्म इंडस्ट्री से रवि किशन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, रानी चटर्जी, मुर्तजा जाफरी समेत कई लोगन के शोक-संदेश हमनी के मिलल बाटे, जवना में बालेश्वर के निधन पर दुख व्यक्त कइल गइल बाटे।

हॉलैंड, मॉरीशस, सुरीनाम, फिजी समेत कई देशन में मशहूर बालेश्वर यादव के निधन भोजपुरी समाज खातिर एगो अइसन क्षति बा, जेकर पूर्ति निकट भविष्य में भइल संभव नइखे। भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी परिवार उनका के श्रद्धांजलि देता, अउर उनका परिवार के एह दुख के सहे के शक्ति देवे खातिर भगवान से प्रार्थना करता।
 
Comments (16)
Diwangat atma me bagwan Shanti des..
1 Sunday, 09 January 2011 21:03
पंकज प्रवीण
Baleswer Yadav ji bhojpuri lok sangeet ke ego astmbh rahni..apna andaj me uha se bhojpuri birha ke antrastriya pahichan dehle badan..

bagwan baleswer ji ke atma ke shanti des..aur pariwar ke dukh sahe ke shakti pradan kare..
Obituary
2 Monday, 10 January 2011 08:15
abhay
Bhagwan Baleshwar yadav ji ka atma ke shanti des.
श्रद्धांजलि
3 Monday, 10 January 2011 08:21
Manoj Kumar
बालेश्वर यादव जी के निधन से भोजपुरिया समाज के बहुत बड़ा क्षति भइल बा. भगवान उनकर आत्मा के शांति प्रदान करे.
यादव शिरोमणि श्री बालेश्वर की आत्मा को शांति और उनके शोक संतप्त परिवार को सांत्वना
4 Monday, 10 January 2011 09:36
डॉ. दलसिंगार यादव
यादव शिरोमणि श्री बालेश्वर जी क निधन भोजपुरी समाज क कबहुं न पूरा होवै वाली घटना बाय। हम अपने परिवार के सगरे भाई बहनों समेत ओनके दिवंगत आत्मा क शांति के खातिर परमपिता परमेश्वर से प्रार्थना करत हईं और ओनसे विनती करत हईं कि परिवार के लोगों को इ दुख सहै बदे सक्ति दें।
Bhagwan Atma ke santi de
5 Monday, 10 January 2011 11:35
Chandra Prakash Singh
Baleshwar Yadav ek bahut mane jane bhojpuri gayakar they, hum logo ke bahut dukh huwa lekin bhagwan ke marji kaun taal sakta hai, mere taraf se of mere pure pariwar ke taraf se bhagwan unki atma ko santi de,

Regards,
Chandra Prakash Singh
एगो युग पुरुष के भईल बिदाई
6 Monday, 10 January 2011 12:34
नवीन भोजपुरिया
ई एगो बहुत दुखद समाचार बा , बालेश्वर यादव बिरहा के जानल मानल आ दुगोला के बहुत बरियार गवईया रहलन हा , हम खुद उनुकर बिरहा आ दुगोला देखले आ सुनले बानी ।

रेइ रेई रेइ रेई रेइ रेई रेइ रेई के तान हमरा ख्याल से इनिकरे दिहल हवे , भा ढेर हम इनकरे मुहे सुनले बानी इनकरे गीतन मे सुनले बानी ।

हम उपर वाला से बालेश्वर जी के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना करब आ हम इहो प्रार्थना करब की एह अपुरणीय क्षति के एह आघात के सहे खातिर घरवाला लोगन के ताकत उपर वाल देसु।

जय भोजपुरी
भगवान बालेश्वर जी के आत्मा के शांति दे
7 Tuesday, 11 January 2011 02:00
मिथिलेश कुमार
भोजपुरी भाषा और संगीत के खातिर ए गो अपूर्णीय छति बाटे हम ता बचपन से उनक गाना सुनत रहनी जब ग्रामोफोन के जमाना रहे ,

चुकी हम उनके जिला के करीबी बनी ता हम जानतानी कि उहाँ के यादव जी न रहनी ह असल में उहाके राजभर रहनी ह लोगन के ग़लतफ़हमी हो गईल बा और उहा के भोजपुरिया.कॉम के साईट पर यादव बतावल जा रहल बाते साईट वालन लोगन से हमारा विनती बा कि स्वर्गीय बालेश्वर जी के नाम के आगे से यादव हटा के खाली 'बालेश्वर ' ही रहे देवल जाव
comment
8 Tuesday, 11 January 2011 14:57
anupnarayansingh bihari khabar
bhojpuri kai sikhar purus baleshwar jee birha kai janam data rani hai. unka padam purskar milai kai chahiunka nidhan sai bhojpuri kai ego stambh nast ho gail.Anoop nARAyaN sINGH SUB EDITor BIHARI KHABAR
baleshwar ji
9 Tuesday, 11 January 2011 22:48
vijay
an end of an era with baleshwar ji. real artist not commercial like so many of today.
bahut dukh hua
10 Saturday, 22 January 2011 15:04
vijay kuam yadav
BAHUT DUKH HUA SUNKAR KI SHRI BLESWAR YADAV JI KA NIDHAN HO GAYA........
baleswar baba amar rahe
11 Sunday, 23 January 2011 11:07
Ved prakash pandey
mai to baleswar ji ka
areeee rerererer rai rai rai rerererer ka bahut hi diwana hun
ye unhi ki den hai
jai bhojpuri
shok
12 Friday, 28 January 2011 14:17
deepak tiwari[baleshwer]
hmre guru ji ke ye duniya me na rhle ke gam t hmra ke jingi bhr rhi leki okre khatir ka kail ja skela , guruji ye duniya ke chor ke gaile se 2 din phile hmse khle ki deepak "mere marne ke bad meri shaile ko tum ga ker kuch din tak market me rhna prinam aksha milega to aage koshis krna" ab hmke i tode pta rhe hmhn ke atna jaldi chor ke chl jaihe kher kuno bat nahi guruji hmre ma bap se bhi badh ke rhle hmke 11 sal se pal posh ke 18 sal ke kaile ab hmar farj ba ki guruji ke ye shaile ke apne marte dam tak jivit rakhb"aa..rai..rai..rai...hhhhh...rai
Bhojpuri smaj ko dhakka
13 Sunday, 06 February 2011 15:50
NIRANJAN KUMAR [Makeupman]
Baleshvar yadav jee ke nighan se bhojpuri gayan ko bahut bara dhakka laga hai .bhagman unkar atma ko shanti de....................................................
Balesr Jee
14 Monday, 14 February 2011 23:43
Vinod kumar Rajbhar
Bhagwan Balesr Jee ke Aatma ke Santi des. Aur Bhojpuri samaj ke kul me pher se kadam rakhe .
Bahut dukh hai ki ek bhojpuri sangeet ka sitara doob gaya
15 Sunday, 17 April 2011 15:44
Dhananjay Singh
baleshwar un bhojpuriyon ki awaz the jo perdesh mein rahte the aur unka biraha sunte the. unke bina wo log aaaj annath mahsus kar rahe hai.
sokh
16 Saturday, 05 November 2011 01:31
ananddev
jo ache log hote hai bhagawan unhi ko kiu jaldi bulate hai bhagawan baleswar ji mann ko shanti de aap phir se ish duniya me aayenge sair
click here