मुंबई। भोजपुरी के अकेला मनोरंजन चैनल महुआ के खिलाफ अब बकायेदार लोग खुल के सामने आये लागल बाटे। पइसा डूबला के डर से अब ले चुप्पी साध के बइठल धारावाहिक निर्माता लोग भी अब महुआ के खिलाफ अदालती कारवाई के मन बना लिहले बाटे। फिलहाल के ताजा खबर ई बा कि महुआ टीवी के चर्चित शो "के बनी करोड़पति" के होस्ट शत्रुघ्न सिन्हा एहिजा महुआ के खिलाफ सिने एंड टीवी आर्टिस्ट असोसिएशन में लिखित शिकायत दर्ज करवले बाडन।महुआ के करीबी सूत्रन के अनुसार "के बनी करोड़पति" के होस्ट शत्रुघ्न सिन्हा के महुआ टीवी पर 66 लाख, धर्मेन्द्र आ हेमा मालिनी के 25 लाख, गोविंदा के 25 लाख, सोनाक्षी सिन्हा के 25 लाख अउर भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार रवि किशन के 12.50 लाख, निरहुआ के 12.50 लाख, अउर गायक उदित नारायण के 3.20 लाख रूपया बकाया बाटे। महुआ के रवैया से नाखुश हेमा मालिनी के कहनाम बा कि "एह से शर्मनाक बात का हो सकेला कि एगो चैनल उनका द्वारा जीतल गइल इनामी राशी के नइखे दिहल चाहत।" ऊ इहो कहली कि ऊ जल्दिये एह मामला के सिने एंड टीवी आर्टिस्ट असोसिएशन में ले जइहन।
एने दोसरा ओर, गोविंदा अउर रवि किशन भी सकरले ह कि ओह लोगन के भी इनामी राशि के भुगतान अब ले नइखे कइल गइल, जबकि ऊ राशि चैरिटी खातिर रहे। एह संबंध में जब महुआ के मुंबई हेड पंकज तिवारी से बात करे के कोशिश कइल गइल, त ऊ फोन उठावल भी ज़रूरी ना समझलन। बहरहाल, प्रवर्तन निदेशालय द्वारा कइल गइल कारवाई का वजह से पहिलहीं से ही कमर तुड़वा के बइठल महुआ के दामन पर एगो अउर दाग लाग गइल बाटे। एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि महुआ खातिर धारावाहिक बना चुकल कई गो प्रोडक्शन हाउस के भी महुआ पर करोडो रुपया बकाया बाटे।



jab v koi t.v. on kartha to mahua chanal ko hi. but aaj badhe dukh k saath kahna padhta hai ki mahuaa band ho gya hai.