Home Music News सुर-संग्राम : हार गइल महुआ, जीत गइल भोजपुरी

सुर-संग्राम : हार गइल महुआ, जीत गइल भोजपुरी

E-mail Print PDF
share
सुर-संग्राम के शुरु भइला से लेके आज तक जवन बात हमनी के नजर में लगातार खटकत रहे, आ जवना बात के भोजपुरिया डॉट कॉम शुरु से लेके आज तक विरोध कइलस, ओह बात पर आखिरकार महुआ के भी झुके के पडल। उत्तर प्रदेश आ बिहार के बीच जारी एह जंग में अभूतपूर्व फैसला लेते हुये काल्ह महुआ मजबूर हो गइलस, उत्तर प्रदेश आ बिहार, दूनो के संयुक्त रुप से विजेता घोषित करे खातिर।

बात रहे विजेता के 25 लाख आ उप-विजेता के 11 लाख देवे के, लेकिन दूनो के 25-25 लाख देके महुआ एह मुद्दा से आपन जान छोडाये के कोशिस कइलस। एह इनाम के जीतला पर आलोक कुमार आ मोहन राठौर के भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से बधाई। जइसन कि हमनी का काल्हे लिखले रहनी कि अगर एह कार्यक्रम में कवनो भी एक टीम जीतल रहित, त खाली एह प्रोग्राम के रुप-रेखा का वजह से ओह विजेता के दोसरा राज्य में कवनो सम्मान त नाहिये मिलल रहित। वइसे एह मुद्दा पर हमनी का महुआ के भी धन्यवाद दिहल चाहेब, जवन कि भोजपुरिया लोगन के भावना के सम्मान कइलस।

अभी प्रोग्राम खतम भी ना भइल रहे कि हमनी का लगे लगातार बधाई संदेश आइल शुरु हो गइल। वइसे हमनी का इ बता दिहल चाहेब कि ई जीत हमनी के ना, बल्कि हमनी के समर्थक लाखों- करोडों भोजपुरिया लोगन के ह, जे शुरु से आज तक एह मुद्दा पर हमनी का संगे खडा रहल। ई जीत भोजपुरिया समाज के ह, जेकरा के कुछ लोग यूपी आ बिहार के नांव पर बाँटल चाहत रहे, जवन कि हमनी के कबो मंजूर ना भइल।

एह मौका पर भोजपुरिया डॉट कॉम अपना समर्थकन के धन्यवाद दिहल चाहता, आ बतावल चाहता कि खाली रउरा लोगन के सहयोग से आज तक हमनी का जवन भी मुद्दा (फिल्म इंडस्ट्री, समाज या कुछ आउर) पर विवाद शुरु कइनी, कवनो में हार के मुँह ना देखे के पडल। हमनी के आशा ही ना बल्कि पूरा विश्वास बा कि आगे से कवनो भी भोजपुरी के नाम पर चले वाली संस्था या चैनल, दोबारा भोजपुरी के आ भोजपुरियन के बाँटे के दुस्साहस ना करी।

Related news items:

 
Comments (10)
सही कहनी , आ बधाई बाटे भोजपुरी के दू फाड़ होखे से बचावे खातिर !!
1 Saturday, 07 November 2009 09:12
Navin
सबसे पाहिले ता हम बधाई देब वोह दू लईकन के जे इनाम पावे के हकदार बनले आ बराबर के हकदार बनले आ भोजपुरी गीत गई के बनले आ वोह खातिर ना कवनो क्षेत्र के योगदान रहल आ न कवनो और चीजन के | ई बधाई भोजपुरी के आ ऊ दू गो लईकन के बाटे |

दुसरका बधाई हम महुवा के देब की ओकरा अंत में आ के कुछ ता बुझाईल आ कुछ ख्याल आईल की भोजपुरी के बांटे के कोशिश ना करे के चाही , आ हम उमेद करत बानी की महुवा भविष्य में ऐसन कवनो कदम न उठाई जहा भोजपुरी के दू फाड़ हो जाऊ , जहा भोजपुरी के बताये के नौबत आ जाऊ |

आ हमार बधाई बाटे भोजपुरिया.कॉम के जेकरा ई महुवा के सुर -संग्राम के विरोध अंत समय में काम अयिलस आ भोजपुरी के दू फाड़ होखे बचा लेहलस , आ बधाई बाटे वोह लोगन के जे भोजपुरिया .कॉम से जुडल बाटे आ हर वोह काम में भोजपुरिया.कॉम के मदद , समर्थन कर रहल बाटे जवान भोजपुरी खातिर सही बाटे , उचित बाटे , नीमन बाटे आ बढिया बाटे |


हम निहोरा करब भोजपुरिया.कॉम से की उहन लोगन के भोजपुरी के बचावे , नीमन बनावे , और सच लिखे के एह अभियान के आदि अनादी काल तक चलत रहे और आ प्रार्थना भी करब की एह भोजपुरी के बचावे , पहचान दिलावे के अस्वमेध यज्ञ में हर भोजपुरिया के साथ भोजपुरिया.कॉम के मिळत रहे |

इक बार फेरु बधाई के साथ हम आपना बात ख़तम करत बानी लेकिन हमार ई बात ख़तम हो रहल बाटे , भोजपुरी के पहचान दिलावे , आ भोजपुरी के बचावे के अभियान के ता शुरुवात बाटे|

हमनी के मंजिल बाटे पावे के भोजपुरी भाषा के पहचान , भोजपुरिया समाज के सम्मान , और भोजपुरी से जुडल हर व्यक्ति के आन , मान ; आ वोह के हमनी के पाई के रहब जा आ जे भी हमनी के रास्ता में बाधा बन के आई ऊ चूर चूर हो जाई |


जय भोजपुरी

नवीन
sur sangram
2 Saturday, 07 November 2009 09:16
santoshkumardubey
25 -25 lacs duno jana ke ta milal bahut bahut mahuaa ke dhanaybad baki. public ke man me ego tis. rah gail ke aakhir ke jeetal.
Mubarak
3 Saturday, 07 November 2009 10:57
Md.Iftekhar Ahmed
Congrats to the winner!!!

Ye bahut hi achhi khabar hai ki aaj logon ko malum par gaya ki bhojpuria ke log ko alag alag karna ya aisa sonchna achha nahi hai. Sudhir bhaia ko bhi iske liye mubarakbaad jo ki kaafi mehnat kar rahe hai bhojpuria samaj ke liye aur logon tak pahunch pahunch kar sabko 1 platform men saath saath mil jul kar majbooti se aage barhne ke liye har khwahish kar rahe hain.

Bhojpuria samaj ko mubarbaad!!!
shabash bhojpuria
4 Saturday, 07 November 2009 11:00
Ganesh Singh
bhojpuria.com aur mahua chanels ke karta dhrta vishv ke sabhi bhojpuriyno ke bich yug purush ke nate jane janyage. meri our se hardik shubhkamnanye.
shabash
5 Saturday, 07 November 2009 11:04
Ganesh Singh, chief editor of bhojpuria times
bhut kuch accha hua.
Hi
6 Saturday, 07 November 2009 17:52
sumit kumar Pandey
Bahut accha lagal e program dekh k
sahi samay sahi parinaam
7 Sunday, 08 November 2009 13:11
sumant singh
hum eh baat se mahuaa channel ke bahut hi badhiya kahab ki yu, ke hu ke sath bhayel galat vavhaar ke nazar andaaz na kaeelan log, je bhojpuri ke samraat ha ,unka sathe duniya ke samne galat vavahhar ,thik na rahe,kalpana bahrat sarma g ke bajjet na kaili,u pura bhojpuri samaaj ke sath galat vaavhaar kaili,aage hum kalpana ke ee batawal cahat bami ki aap kabhi bharat sarma g ke samna na ka sakelu ,tahra ke 7 janam lebe ke pari,aapna kaeela se dekh la tu ki final me sab kahu aa eel rahe lakin tohra ke etna door log kar dihal ke tu aapna ghar hi sur sangram ke final dekh rahlu,aahi ke kahal jala ki ,jaisan karbu waisan paee bu ,aur sahi samay me log ke sahi parinaam milal
TARIF
8 Sunday, 08 November 2009 13:17
SUMANTSINGH
BHOJPURIYA BARIAARI NA KARE ,JHOOTHO KE MARA MARI NA KARE ,
EK BAAR HAATH BADHA KE TH DEKH,EE KHOON KABO GADDARI NA KARE
BADHAI
9 Thursday, 19 November 2009 18:14
PANKAJ
BHOJPURIA.COM KE MADYAM SE HUM SSABHI BHOJPURIA LOGN KI ABHINANDAN KR RHA HOON
MAI CHAHTA HOON KI SABHI BHOJPURIA BHAI LOG EK SANG RHE TAKI D\ESH K KAUNO KONA MEI KEHU HUMNI K KUCH NA BOL PAWE CHAHE WO" BAL TAKRE HO YA RAJ TAKRE"
DHANYWAD
audition date
10 Sunday, 20 June 2010 20:43
prem
i want to know the latest(upcoming) audition date of sur sangram 2010.