बनारस। भोजपुरी संगीत जगत के भीष्म पितामह भरत शर्मा व्यास के एहिजा सीना में दर्द के शिकायत के बाद स्थानीय "सिंह मेडिकल, वाराणसी कैंट" में सोमवार के भर्ती करावल गइल। ओही समय उनकर जाँच के बाद तुरंत उनका के गहन चिकित्सा कक्श (आईसीयू) में भर्ती कइल गइल।डाक्टरन के अनुसार 'व्यास जी' के सीना में 'कफ' आ 'वायरल इंफेक्शन' के शिकायत बा, अउर ओकरा वजह से उनका के आईसीयू में राखल गइल बाटे। भरत शर्मा के करीबी लोगन के अनुसार धीरे-धीरे उनकर स्थिति में सुधार हो रहल बाटे, अउर डाक्टरन के एगो टीम उनका पर लगातार नजर बनवले रखले बा। डाक्टरन के अनुसार भरत शर्मा जी के स्थिति में पिछला 24 घंटा के दौरान काफी सुधार भइल बाटे, अउर एह संबंध में विशेष जानकारी कुछ जाँच के रिपोर्ट अइला के बाद दिहल जा सकेला।
भरत शर्मा के तबियत के बारे में जानकारी मिलला के बाद भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री खासा चिंतित बिया। फिल्म निर्माता मुर्तजा जाफरी, गीतकार बिपिन बहार, अभिनेता मनोज तिवारी समेत कई लोग भरत शर्मा के शीघ्र स्वास्थ्य लाभ के कामना कइले बा, अउर भगवान से उनका बेहतर स्वास्थ्य खातिर प्रार्थना कई रहल बाटे। भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार अउर जय भोजपुरी परिवार के वरिष्ठ सदस्य लोग लगातार भरत शर्मा से संपर्क में बा, अउर हमनी का एहिजा उनका स्वास्थ्य से संबंधित हर खबर के लगातार पोस्ट करत रहब जा।
आईं, भगवान से उनका स्वास्थ्य के ठीक करे के प्रार्थना कइल जाव।



Praveen
- Mithlesh Sharma
9893943701
INDORE
राउर अर्जी ऊपर वाला के मंजूर होई किरपा जरुर होई हो||
कईसे सुनल जाई पूर्वी के तान हो, रउवा बानी भोजपुरी गायकन के शान हो |
रउवे से सबके भोजपुरी गावे के लूर होई, किरपा जरुर होई हो ||
भगवन आपके जल्दी से ठीक करस हमार भगवान से इहे अर्जी बा |