Home Samachar Bihar देश खातिर महत्वपूर्ण बा नालंदा विश्वविद्यालय प्रोजेक्ट

देश खातिर महत्वपूर्ण बा नालंदा विश्वविद्यालय प्रोजेक्ट

E-mail Print PDF
share
पटना। प्रधानमंत्री डा. मनमोहन सिंह के कहनाम बा कि नालंदा अंतरराष्ट्रीय विश्वविद्यालय के स्थापना के प्रोजेक्ट खाली बिहार खातिर ना, बल्कि पूरा देश खातिर महत्वपूर्ण बाटे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के लिखल एगो पत्र में ऊ कहलन कि केन्द्र सरकार एकरा स्थापना में हर संभव मदद करी।

डा. सिंह ने कहनाम बा कि केन्द्र सरकार नालंदा विश्वविद्यालय के प्रोजेक्ट के बहुत महत्व दे रहल बिया। नोबल पुरस्कार विजेता अम‌र्त्य सेन के अध्यक्षता में बनल विश्वविद्यालय के मेंटर ग्रुप से एकरा स्थापना खातिर आवश्यक बातन के जानकारी लिहला के बाद 25 अक्टूबर के 'ईस्ट एशिया समिट' के सदस्य देशन से भी हम बातचीत कइले बानी।

एकरा अलावा केन्द्र सरकार नालंदा अंतरराष्ट्रीय विश्वविद्यालय के स्थापना खातिर आवश्यक प्रशासनिक आ कानूनी कदम उठा रहल बिया। विश्वविद्यालय के स्थापना में मदद खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री के पत्र लिखले रहलन।

 

 
Comments (1)
Nalanda Univercity
1 Tuesday, 24 November 2009 13:49
Pankaj Kumar Poddar
Nalanda Univercity sirf desh ke nahi balki Bidesho me vi mashoor hai.
Nalanda Univercity sirf Bihar ka hi gaurav nahi balki Desh ke vi shiksha ke marg me nam diya hai.
Is liye sirf Bihar sarkar ko hi nahi balbi kendra sarkar ko vi majboot kadam lena chahiye.
kendra is par sahmat na ho to bihar sarkar ko khud ke balbute par Nalanda Univerciti ko purana roop rang pradan kare is kam me students log ke vi sahara lena chahiye aur Nalanda Univercity ko phir se Desh ka gaurav aur videsho me naam pradan ho.

JAI HINDUSTAN
click here