Home Samachar Bihar रोहतास में 250 क्विंटल अमोनियम नाइट्रेट बरामद

रोहतास में 250 क्विंटल अमोनियम नाइट्रेट बरामद

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के रोहतास जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में पुलिस सोमवार के एगो गोदाम से 250 क्विंटल अमोनियम नाइट्रेट जब्त कइलस। एह मामला में तीन लोगन के गिरफ्तार भी कइल गइल बाटे।

पुलिस के आशंका बा कि एह अमोनियम नाइट्रेट के आपूर्ति नक्सलियन के कइल जाये वाला रहे, जवन कि एकर इस्तेमाल विस्फोटक बनाये में करिते। रोहतास के पुलिस अधीक्षक विकास वैभव एहिजा सोमवार के बतवले कि रविवार के शाम के सासाराम में सड़क मार्ग से पांच क्विंटल अमोनियम नाइट्रेट ले जात दू लोगन के पुलिस गिरफ्तार कइले रहे।

ऊ इहो बतवनल कि ओही दूनो लोगन के निशानदेही पर आज पुलिस बांसा गांव में एगो गुदाम पर छापा मरलस, जवना में 492 बोरा में रखल करीब 250 क्विंटल अमोनियम नाइट्रेट बरामद कइल गइल बाटे। एह मामला में उतर प्रदेश के मिर्जापुर निवासी महेन्द्र सिंह पटेल आ संतोष सिंह पटेल के अलावा रोहतास के मंतोष सिंह के गिरफ्तार कइल गइल बा।

पुलिस एह मामला के जांच में लागल बिया, आ ओकरा आशंका बा कि ई अमोनियम नाइट्रेट नक्सलियन के देवे खातिर रखल गइल रहे।