पटना। बिहार में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार के चार साल पूरा भइला के मौका पर राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एहिजा मंगलवार के अपना सरकार के रिपोर्ट कार्ड जारी कइले।एह मौका पर नीतीश कई गो घोषणा भी कइलन। रिपोर्ट कार्ड जारी करते समय मुख्यमंत्री कहलन कि बिहार में कई गो ऐतिहासिक आ धार्मिक स्थल बाटे। उनुकर कहनाम रहे कि पटना में जल्दिये एगो विश्वस्तरीय संग्रहालय के स्थापना कइल जाई। नीतीश के दावा बा कि उनुकरा सरकार के चार साल के कार्यकाल में बिहार में शिक्षा के स्तर काफी उंचा उठल बाटे। आ एकरा के आउर प्रोत्साहित करे खातिर ऊ प्रथम श्रेणी से पास करे वाली सभ लड़कियन के 10-10 हजार रुपया पुरस्कार देवे के ऐलान कइलन।
एकरा अलावा मुख्यमंत्री किसानन के रबी के मौसम में सिंचाई खातिर सब्सिडी देवे के भी एलान कइलन। रबी के मौसम में किसानन के डीजल में प्रति लीटर 15 रुपया के सब्सिडी दिहल जाई। हिन्दी, अंग्रेजी आ उर्दू में जारी भइल एह रिपोर्ट कार्ड में मुख्य रूप से सरकार द्वारा पिछला चार साल में कइल गइल काम आ विकास योजना के बारे में जानकारी दिहल गइल बाटे, आ अगिला कुछ दिन में शुरु होखे वाला योजना के भी उल्लेख कइल गइल बाटे।
नीतीश कुमार के कहनाम बा कि अब बिहारियन के बिहारी कहाये में अपमान महसूस ना होला। उनुकर दावा बा कि वइसे त राज्य में अपराध के ग्राफ कम भइल बा, लेकिन अगर कवनो आपराधिक घटना होता, त ओह पर तुरंत कार्रवाई भी कइल जा रहल बाटे। एकरा संगे मुख्यमंत्री आज 117 पुल आ 2019 किलोमीटर सड़कन के भी लोकार्पण कइले। कुमार के कहनाम बा कि पिछला चार साल में राज्य में सांप्रदायिक सौहार्द्र के माहौल कायम बा। एही वजह से पिछला चार साल में एक भी सांप्रदायिक दंगा बिहार में नइखे भइल। भ्रष्टाचार के मुद्दा पर काफी कुछ कइल गइल बाटे, लेकिन तबो अभी काफी कुछ कइल बाकी बा।
एहिजा इ बतावल जरुरी बा कि नीतीश के सरकार अपना पिछला तीन वर्षगांठ के मौका पर भी रिपोर्ट कार्ड जारी कइले रहे, आ अगिला छह महीना वाद फिर एगो रिपोर्ट कार्ड जारी कइल जाई। वइसे सरकार के हर मोर्चा पर विफल बतावत राष्ट्रीय जनता दल (राजद) एहिजा सोमवार के सरकार के खिलाफ आरोप पत्र आ लोक जनशक्ति पार्टी (लोजपा) मंगलवार के श्वेत पत्र जारी कइलस।



