Home Samachar Bihar खगडिया में नाव पलटला से से पांच के मौत

खगडिया में नाव पलटला से से पांच के मौत

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के खगडिया जिला के गोगरी थाना क्षेत्र में गंगा में एगो आउर नाव पलट गइला से ओहमें सवार चार महिला आ एक बच्चा के मौत हो गईल, जबकि एक व्यक्ति अभियो लापता बाटे।

सूत्रन से मिलाल जानकारी के अनुसार शनिचर के नदी से दू आउर महिला के शव निकालल गइल बाटे। एकरा के मिला के अब ले पांच शव बरामद कइल जा चुकल बाटे, जबकि एक व्यक्ति अभियो लापता बा, जेकर तलाश जारी बाटे। सूत्रन के कहनाम बा कि हादसा में मरल सभ लोग पमारी राय गांव के रहे।

ई हादसा शुक्रवार सांझी खान गंगा नदी तट पर भइल। एह मामला में पुलिस के कहनाम बा कि 24-25 मजदूर नाव पर सवार होके बहियार जात रहले, तबे बीच नदी में नाव पलट गइल। दुर्घटना के कारण क्षमता से अधिक लोगन के सवार होखल बतावल जा रहल बाटे।
 
click here