जमुई। हावड़ा-अमृतसर पंजाब मेल के स्लीपर बोगी में लूट के दौरान अपराधी हावड़ा के एगो यात्री के गोली मार कर हत्या क दिहले सन। एकरा अलावा विरोध करे वाला कई गो मुसाफिरन के बदमाश जम के पिटले सन, आ ओकरा बाद लाखों रुपया के सम्पत्ति लूट के आराम से चल गइलन सन।ई घटना शुक्रवार के देर रात जसीडीह-झाझा रेलखंड पर भइल। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार जसीडीह (झारखंड) स्टेशन पर दर्जन भर अपराधी 3005 अप पंजाब मेल के स्लीपर बोगी एस-1 आ एस-2 में सवार हो गइले सन, आ ट्रेन खुलते साथ लूट-पाट शुरू हो गइल। एकर विरोध कइला पर लुटेरा सब शिवजी गुप्ता के गोली मार के हत्या कइ दिहले सन। हावड़ा के बलया गांव निवासी शिवजी गुप्ता अपना लइका चंदन गुप्ता के लखनऊ में बैंक के परीक्षा दिलाये ले जात रहलन। ओकरा अलावा लूट के विरोध कइला पर अपराधी कोलकाता निवासी एन अहमद के हाथ में भी गोली मार दिहले सन, आ नियाज अहमद, श्रीराम राय, जयंतो बर्द्धन, तरुण चौधरी समेत कई गो यात्रियन के पिस्तौल के बट आ चाकू से गंभीर रूप से घायल क दिहले सन।
ट्रेन लूटला के बाद अपराधी लाहावन स्टेशन से पहिले पोल संख्या 346/13 का लगे ट्रेन रोक के फरार हो गइले सन। ट्रेन जब झाझा स्टेशन पहुंचल, त ओहिजा मुसाफिर लोग जम के बवाल कइल, जेकरा वजह से 45 मिनट ले पंजाब मेल झाझा स्टेशन पर खडा रहल। मृतक के पुत्र चंदन गुप्ता द्वारा दर्ज करावल प्राथमिकी के अनुसार दर्जनन गो मुसाफिर से नकद समेत लाखन रुपया के लूट भइल बाटे। वइसे रेल एसपी विमल कुमार एहिजा ट्रेन के दूगो स्लीपर बोगियन में नकद 30,840 रुपया, सोना के चेन, रिंग, टाप्स, अन्य जेवरात, डिजीटल कैमरा, घड़ी आदि लूटे के बात कहले ह।


