पटना। राजद सुप्रीमो लालू यादव विकास के मामला में भले ही नीतीश कुमार के खिल्ली उड़ावस, लेकिन अमेरिकी राजदूत तिमोथी जे. रोमर एहिजा बियफे (गुरुवार) के बिहार सरकार के काम पर सराहना के मुहर लगा दिहलन। राजदूत रोमर इहो कहलन कि अमेरिका बिहार के विकास में हर संभव मदद करी। रोमर एहिजा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से करीब घंटा भर के मुलाकात कइलन। राष्ट्रपति बराक ओबामा के मंशा से नीतीश कुमार के अवगत करावत ऊ कहलन कि बिहार जइसन कम विकसित राज्यन के अमेरिका विकास चाहता। बिहार के दू दिन के दौरा पर अपना पत्नी सैली रोमर आ अन्य अधिकारियन का संगे पहुंचल अमेरिकी राजदूत एहिजा मुख्यमंत्री का संगे विकास के मुद्दा पर बातचीत कइलन। बिहार खातिर ई विशेष मौका बा, काहें कि करीब एक दशक के बाद कवनो अमेरिकी राजदूत प्रदेश के दौरा पर आइल बाटे। एह मुलाकात के बाद रोमर पत्रकारन से कहलन कि नीतीश के नेतृत्व में बिहार में आधारभूत संरचना, स्वास्थ्य, शिक्षा, ग्रामीण विकास, डेयरी आ ई-शक्ति के क्षेत्र में बहुत प्रगति भइल बाटे। आ 11.3 प्रतिशत के विकास दर बता रहल बाटे कि राज्य प्रगति का ओर अग्रसर बा। कानून व्यवस्था के क्षेत्र में भी बहुत सुधार भइल बाटे।
नीतीश से मिलला पर रोमर एहिजा मुख्यमंत्री से प्रदेश के विकास के राज पूछलन। एह पर नीतीश जवाब दिहलन कि उनुकर मूल मंत्र न्याय के साथ विकास बा। ऊ राजदूत से निहोरा कइलन कि अमेरिकी निवेशकन के बिहार में आये खातिर प्रोत्साहित कइल जाव। जबाब में रोमर भी उनुका के शिक्षा, ऊर्जा, कृषि, फूड प्रोसेसिंग, आधारभूत संरचना आदि क्षेत्रन में हर सहयोग के भरोसा दिहलन। एह बैठक में अमेरिका के वाणिज्य दूत मैथ्यू असद, मिशन डायरेक्टर यूएस एड श्रीमती इरिनसोटो आ कैबिनेट सचिव अफजल अमानुल्लाह भी उपस्थित रहलन।
एह से पहिले रोमर खुदाबक्श ओरियंटल पब्लिक लाइब्रेरी गइलन। ओहिजा ऊ कहलन कि जब ऊ राजदूत के पद संभतलन, त उनुका के राष्ट्रपति बराक ओबामा बोला के कहलन कि जब रउआ भारत जा तानी, त मुंबई, दिल्ली, कोलकाता आ हैदराबाद का संगे-संगे छोट-छोट जगहन पर भी जाईं, ओकरा विकास में योगदान दीं। शिक्षा आ आधारभूत संरचना के विकास पर फोकस कइ के अमेरिका भारत के विकास में भागीदार बनल चाहता।


