Home Samachar Bihar रेल बजट के लालू के बजट से बेहतर बतवलन नीतीश

रेल बजट के लालू के बजट से बेहतर बतवलन नीतीश

E-mail Print PDF
share
पटना। रेल मंत्री ममता बनर्जी एहिजा वित्त वर्ष 2010-11 के रेल बजट में बिहार के आधा दर्जन से अधिक नया रेलगाडि़यन के सौगात देहली। संसद में रेल बजट पेश करते समय ममता बिहार के मधेपुरा आ मढ़ौरा में रेलवे कोच कारखाना के भी जल्दिये शुरु करे के घोषणा कइली।

सबके लुभाये के कोशिश में ममता बनर्जी एक ओर त किराया आ मालभाडा ना बढाये के घोषणा कइली, ओहिजे दोसरा ओर स्लीपर के सर्विस चार्ज (ई-टिकट पर) 10 रुपया घटा के लोगन के खुश करे के कोशिश कइली। रेल मंत्री ने बजट में बिहार खातिर कई गो रेलगाडि़यन के घोषणा भी कइल गइल बाटे। एह में कोलकाता-दरभंगा एक्सप्रेस आ दरभंगा-मुंबई कर्मभूमि रेलगाड़ी चलाये के घोषणा कइ के ऊ कामगारन के रिझाने के प्रयास कइले बाडी। एकरा अलावा न्यू जलपाईगुड़ी-अमृतसर वाया कटिहार, सियालदह-किशनगंज एक्सप्रेस, राजगीर-हावड़ा रेलगाड़ी आ बांका से संघमित्रा एक्सप्रेस चलाये के घोषणा भी कइल गइल बाटे। देश में चलावल जा रहल 16गो भारतीय तीर्थ यात्रा रेलगाड़ी में भी बिहार के कुछ हिस्सा मिलल बाटे। बिहार में हावड़ा-गया-आगरा तीर्थ यात्रा रेलगाड़ी, मदुरै-पटना साहिब तीर्थयात्रा रेलगाड़ी आ इलाहाबाद-गया तीर्थयात्रा रेलगाड़ी चलावल जाई।

एह कुल्ह के अलावा रेल मंत्री बजट में बख्तियारपुर-गया पैसेंजर रेलगाड़ी आ पटना-सासाराम सवारी रेलगाड़ी चलाये के प्रस्ताव भी रखले बाडी। कटिहार-तेजपुर, सीतामढ़ी-दरभंगा, बख्तियारपुर-राजगीर समेत छपरा लाइन के दोहरीकरण करे के प्रस्ताव भी एह बजट में बाटे, आ किउल-गया रेल लाइन के दोहरीकरण खातिर सवेर्क्षण के भी रेल मंत्री प्रस्ताव रखले बाडी।

एह बजट पर बिहार से मिश्रित प्रतिक्रिया मिल रहल बाटे, एक ओर जहाँ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एकर स्वागत करत कहलन कि ई पूर्व रेलमंत्री लालू प्रसाद यादव के रेल बजट से बेहतर बाटे। नीतीश कहलन कि हमनी का बिहार खातिर 15 ट्रेन मँगले रहनी जा, जवना में से 5 मिलल बाटे। हमनी का रेलमंत्री से कुछ अउर ट्रेन देवे के आग्रह करब। एकरा अलावा ऊ बिहार में पहिले से चल रहल रेलवे के परियोजना पर ज्यादा ध्यान देवे के निहोरा भी कइलन।

दोसरा ओर पूर्व रेल मंत्री लालू प्रसाद एह रेल बजट के आलोचना करत कहलन कि एहमें कुछ भी नया नइखे। लालू एहिजा पत्रकारन के कहलन कि रेलवे अब पीछे जा रहल बाटे। लालू अपना कार्यकाल के दौरान रेलवे के प्रदर्शन पर श्वेत पत्र ले आये वाली रेल मंत्री के आड़े हाथों लेहलन आ पूछलन कि जवना अकाउंटिंग सिस्टम पर ऊ अँगुरी उठवले रहली, ओकरा के बदलल गइल बा कि अभियो ओही के अनुसरण कइल जा रहल बाटे। लालू के कहनाम बा कि एह रेल बजट में कुछ भी नया नइखे, आ बिहार में पहिले से चल रहल परियोजना के स्थिति के बारे में भी जानकारी नइखे दिहल।
 
click here