पटना। बिहार के उपमुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी एहिजा बियफे (गुरुवार) के विधानसभा में राज्य खतिर साल 2010-11 के आम बजट पेश कइलन। एह बजट में कुल 53 हजार 759 करोड़ रुपया खर्च करे के प्रावधान बा, जवना में 20 हजार करोड़ रुपया योजनागत व्यय खातिर बाटे।बजट पेश करते समय वित्त मंत्री कहलन कि साल 2010-11 में सिंचाई क्षेत्र पर 2,022 करोड़ रुपया आ सड़क निर्माण पर 4,000 करोड़ रुपया खर्च करे के प्रावधान बाटे। एकरा अलावा जल संसाधन खातिर 1,800 करोड़ आ मानव संसाधन विकास खातिर 8,220 करोड़ रुपया खर्च कइल जाई। उनकर कहनाम बा कि राज्य में अगिला एक साल में 20 हजार तालाब बनावल जाई, आ सड़कन के भी उच्चस्तरीय बनावल जाई।
वित्त मंत्री के कहनाम बा कि वज्रपात से मरे वालन के भी अनुदान दिहल जाई, एकरा खातिर बजट में 25 लाख रुपया के प्रावधान कइल गइल बाटे। एकरा अलावा बाढ़ प्रभावित जिला में मोटरबोट आ लाइफ जैकेट खातिर करीब 12.76 करोड़ रुपया खर्च कइल जाई।
बिहार में प्रति व्यक्ति आय के राष्ट्रीय औसत तक ले आये खातिर मोदी केंद्र सरकार से तीन लाख 80 करोड़ रुपया के सहायता मंगले बाडन। पर्यावरण संरक्षण के ध्यान में रखते हुये पहाड़न के खुदाई पर प्रतिबंध लगा दिहल गइल्ल बा, अउर बैटरी चलित गाड़ियन पर 50 फीसदी कर के छूट भी दिहल गइल बाटे। एकरा अलावा छोट व्यवसायियन के राहत देवे खातिर 'स्माल डीलर स्कीम' लागू कइल गइल बाटे।
एह बजट में किसानन खातिर चार प्रतिशत ब्याज दर पर अल्पकालिक कर्ज उपलब्ध कराये के बात कहल गइल बाटे, जबकि समाज कल्याण खातिर 1,852 करोड़ रुपया खर्च कइल जाई। एहमें आंगनवाड़ी खातिर 348 करोड़ रुपया, वृद्घावस्था पेंशन खातिर 545 करोड़ रुपया अउर अल्पसंख्यकन के कल्याण खातिर करीब 61 करोड़ रुपया के प्रावधान बा। कुल मिला के बजट में मानव संसाधन पर जोर दिहल गइल बाटे, आ किसानन आ कारोबारियन खातिर राहत के कई गो रास्ता बतावल गइल बाटे।
महंगाई के देखते हुए चीनी के वैटमुक्त कइल गइल बाटे, अउर सूती, सिल्क के धागा का संगे-संगे कांसा अउर पीतल के बर्तन के करमुक्त करे के भी प्रावधान कइल गइल बा। उद्योग धंधा खातिर आ रहल कच्चा पदार्थन पर से प्रवेश कर समाप्त कइल गइल बाटे, आ बीड़ी मजदूरन के राहत देवे खातिर बीड़ी में प्रयुक्त होखे वाला तम्बाकू से भी प्रवेश कर हटा दिहल गइल बाटे। बीयर आ शराब के कीमत बढ़ावल गइल बा। मोदी के कहनाम बा कि एह साल कुल राजस्व प्राप्ति 47,235 करोड़ के होखे के अनुमान बा, जवना में 35,384 करोड़ रुपया केन्द्र से प्राप्त होई। एकरा विरुद्ध कुल आनुमानित राजस्व व्यय 40,678 करोड़ के बा, एह तरह से ई 6,557 करोड़ के सरप्लस बजट हवे।


