Home Samachar Bihar शाहाबाद महोत्सव में बक्सर देखलस नीतीश के जलवा

शाहाबाद महोत्सव में बक्सर देखलस नीतीश के जलवा

E-mail Print PDF
share
बक्सर। मनोज तिवारी आ रवि किशन जइसन दिग्गज कलाकारन के रंगारंग कार्यक्रम, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के उपस्थिति, आ 200 करोड़ से बेसी के परियोजना के शिलान्यास..., कुल मिला के इ एगो अइसन शाम रहे, जवन बक्सर के लोगन के बहुत दिन ले ना भुलाई। एह कार्यक्रम के सबसे खास बात रहे बक्सर के सडकन पर लोगन के हुजुम, जवन कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एक झलक पाये खातिर बेचैन रहे। कहल जा सकेला कि एह पूरा कार्यक्रम में नीतीश कुमार के जलवा चहुँ ओर देखे के मिलल।

मुकुंदपुर के लोगन खातिर पुलिसिया जुल्म के अभिशाप आये वाला समय में वरदान साबित हो जाई। आज एहिजा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार गांव में सड़क, पुल आ विकास के अन्य सुविधा के रूपरेखा तैयार करे के निर्देश ग्रामीण कार्य विभाग के प्रधान सचिव के दिहलन। एकरा अलावा नीतीश गांव के प्रत्येक विकलांग, विधवा आ बुजुर्ग के शिविर लगा के पेंशन स्वीकृत करे आ पहिले से दाखिल मामलन के निष्पादन के भी निर्देश दिहलन।

मुकुंदपुर घटना पर मुख्यमंत्री के कहनाम बा कि एह तरह के घटना ना होखे के चाहीं। वइसे नीतीश वादा कइलन कि गांव वालन पर से जल्दिये कुल्ह मुकदमा हटा लिहल जाई। एक दिवसीय बक्सर दौरा पर आइल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अतवार के सांझींखा बाबा मंदिर में जाके माथा टेकलन आ दरीया शहीद बाबा के मजार पर चादरपोशी भी कइलन। नाथ बाबा के मंदिर में पहुंच के नीतीश ना सिर्फ पुजारी से द्वादर शिवलिंग के बारे में जानकारी लिहलन, बल्कि वैदिक मंत्रोच्चार का संगे पूजा-अर्चना भी कइलन। एह दौरान नाथ बाबा मंदिर से दरीया शहीद बाबा मजार तक के सड़क के नजारा देखे लायक रहे। सड़क के दोनों ओर आम लोगन के कतार लागल रहे, आ लोग मुख्यमंत्री क एक झलक पाये खातिर बेताब रहे। मंदिर से निकलला के बाद नीतीश मजार पर पहुँचलन। ओहिजा बैंड बाजा का संगे उनुकर स्वागत कइल गइल, आ पगड़ी बांध के स्वागत के रश्म अदायगी कइल गइल। ओकरा बाद नीतीश मजार के खादिम मो. खुर्शिद शाह, डा. निसार अहमद, डा. दाउद अली आ अन्य लोगन का संगे मजार पर चादरपोशी कइ के प्रदेश के अमन चैन आ खुशहाली खातिर दुआ मंगलन।

ओकरा बाद नीतीश बक्सर में राज्य के पहिला मॉडल थाना के उदघाटन कइलन। एह अवसर पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना संबोधन में कहलन कि राज्य में पुल निर्माण निगम आ पुलिस भवन निर्माण निगम मृत पड़ल रहे। ओह दूनों उपक्रमन के संजीवनी देकर जिन्दा कइला के परिणाम ई भइल कि खाली पुल निर्माण निगम हजार से ज्यादा पुल न चुकल बाटे, आ अब महासेतु बनाये के तैयारी में बा। ओहिजे दोसरा ओर पुलिस भवन निर्माण निगम भी अब लाभ देवे वाला उपक्रम बन चुकल बाटे। तालियन के गड़गड़ाहट के बीच नीतीश कहलन कि बिहार में परिवर्तन के बयार बह रहल बाटे, आ एकरा के आगे जाये से केहू ना रोक सकेला। केन्द्र सरकार के आड़े हाथ लेत नीतीश कहलन कि बिहार के केन्द्र से भीख ना चाहीं। केन्द्र सिर्फ बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दे देव, पइसा के व्यवस्था हमनी का खुद कइ लेब। मुख्यमंत्री एहिजा राज्य में पुलिस बल के कमी के दूर करे खातिर नया बहाली के भी वादा कइलन।

एकरा बाद पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार मुख्यमंत्री इटाढ़ी प्रखंड के बैरी गांव में शाहाबाद महोत्सव के उदघाटन करे पहुंचलन, आ ओहिजा बिहार के विकास के जनता के मेहनत आ विश्वास के प्रतिफल बतवलन। नीतीश दावा कइलन कि आज बिहार में भय के वातावरण मिट गइल बाटे, आ सामाजिक सौहार्द्र के वातावरण कायम बा। अब एहिजा के लोग बिहारी कहाये पर गर्व महसूस करेलन। बालिका पोशाक आ साइकिल योजना के जिक्र करते ऊ कहलन कि एह योजना के शुरु भइला से पहिले हाई स्कूल में डेढ़ लाख लइकी पढ़त रहली सन, जवन संख्या अब साढ़े चार लाख के पार चल गइल बाटे। एह साल से नवमी कक्षा में पढे वाला लइका लोग के भी राज्य सरकार साइकिल दे रहल बिया। नीतीश एहिजा लोगन के जात-पात से उपर उठ के बिहारी बने के सलाह देहलन, आ बिहार के विकास में लाग जाये के आह्वान कइलन। नीतीश के अनुसार, आज दुनिया भर के लोग बिहार के विकास के देख रहल बाटे, अउर हमनी के बनावल महिला आरक्षण आ विकास के मॉडल के केन्द्र सरकार द्वारा आत्मसात कइल जा रहल बाटे। एह महोत्सव के बारे में नीतीश कुमार कहलन कि ना सिर्फ भारत में, बल्कि विदेशन में भी शाहाबाद के लोगन के खासा प्रभाव बाटे। एह कार्यक्रम के अध्यक्षता शिवशंकर तिवारी कइलन।

एह से पहिले वैदिक मंत्रोच्चार आ शंख ध्वनि के बीच महोत्सव शुरू भइल। एकरा बाद मुख्यमंत्री एहिजा दो सौ करोड़ एकतालीस लाख रूपया के विभिन्न योजना के शिलान्यास आ उदघाटन रिमोट से कइलन। एह में 176 करोड़ 46 लाख की 148 योजना के शिलान्यास अउर 25 करोड़ 66 लाख से 205 योजना के उदघाटन कइल गइल। शाहाबाद महोत्सव के स्वागत भाषण श्रीकांत प्रत्युष दिहलन अउर अभिनंदन पत्र डा. आर के दुबे पढ़ के सुनवलन। एह समारोह के पूर्व सांसद वशिष्ठ नारायण सिंह, उपेन्द्र कुषवाहा, जे. एन त्रिवेदी, पूर्व मंत्री रमई राम आ विधायक जय कुमार सिंह भी संबोधित कइलन।

एकरा बाद शुरु भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम, जवना में भोजपुरी अभिनेता रवि किशन आ मनोज तिवारी के तिलिस्म में लोग देर तक झूमत रहे। पचास हजार से अधिक लोगन के सामने रवि किशन भी खुद के गाये से रोक ना पवलन। भोजपुरी लोक गायक आ अभिनेता मनोज तिवारी “लइका दुहरिया पर खाड़ बा' गीत से आपन कार्यक्रम के शुरुआत कइलन। मनोज इहो कहलन कि भोजपुरी भाषा पूरा देश भर में शाहाबाद के वजह से ही जानल जाले, आ भोजपुरी के विकास से ही शाहाबाद के विकास संभव बाटे। दोसरा ओर रवि किशन स्वयं के बिहार के माटी के ऋणी बतावत बिहार के विकास में हर संभव योगदान देवे के वादा कइलन। एह कार्यक्रम के आयोजन समाजसेवी नन्द कुमार तिवारी द्वारा कइल गइल रहे। कार्यक्रम के दौरान साबित रोहतासवी, रवी रंजन, जयप्रकाश जिद्दी आदि के सक्रियता सराहनीय रहे। (फोटो: आलोक कुमार)