Home Samachar Bihar दंपती के चलती ट्रेन से गिरवलस टीटीई, पति के मौत

दंपती के चलती ट्रेन से गिरवलस टीटीई, पति के मौत

E-mail Print PDF
share
सासाराम। बिहार के कैमूर जिला में शनिवार के टीटीई कथित रूप से एगो दंपती के चलता ट्रेन से नीचे गिरा दिहलस। एह से पुरुष के मौत हो गइल अउर महिला गंभीर रूप से जख्मी हो गइलस।

पुलिस के कहनाम बा कि शिव शंकर आ उनकर पत्नी संध्या देवी एहिजा चंदौली (यूपी) जाये खातिर जनरल टिकट किनला के बाद सासाराम रेलवे स्टेशन पर हावड़ा-देहरादून एक्सप्रेस ट्रेन में सवार भइल लोग। लेकिन ऊ लोग जनरल डिब्बा का बजाय रिजर्व्ड डिब्बा में घुस गइल। ओकरा बाद टीटीई ओह लोगन के पकड़ लिहलस अउर रिजर्वेशन खातिर पइसा मांगे लागल।

एह पर ई लोग पइसा देवे से इनकार कइ दिहल। एह मुद्दा पर दूनो लोग के टीटीई से कहासुनी भइल अउर ओही से खिसिया के टीटीई भभुआ अउर कुदरा रेलवे स्टेशन के बीच में दूनों लोग के धक्का देके ट्रेन से निचे गिरा दिहलस। एह मामला में जीआरपी द्वारा केस दर्ज कइ के मामला के जांच शुरू कइ दिहल गइल बाटे। खबर लिखइला तक टीटीई के गिरफ्तार नइखे कइल गइल।