Home Samachar Bihar बिहार में मई के बाद कबो हो सकेला चुनाव: नीतीश

बिहार में मई के बाद कबो हो सकेला चुनाव: नीतीश

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आज एहिजा संकेत दिहलन कि राज्य में मई के बाद विधानसभा के चुनाव कबो हो सकेला।

नीतीश कुमार एहिजा विधानसभा स्थित अपना कक्ष में पत्रकारन से कहलन कि उनकर सरकर 6 मई तक आपन सारा काम समेट ली, अउर ओकरा बाद पांच साल के अपना कार्यकाल के रिपोर्ट कार्ड जारी करी। नीतीश इहो कहन कि एह बेर जइसन ठंडी आ मार्च में जवना तरह के गर्मी पड़ रहल बाटे, ओह से ई अनुमान लगावल जाता कि एह साल वर्षा भी अधिक होई। अइसन स्थिति में बाढ़ के संभावना के देखते हुए सरकार बचाव आ राहत कार्य चलाये खातिर धन के व्यवस्था पहिलहीं से कइ दी।

पत्रकारन से बातचीत में मुख्यमंत्री कहलन कि एह बेर भी आकस्मिकता निधि के आकार बढ़ा के 1500 करोड़ रूपया कइल जाई। बाढ़ के दौरान बचाव आ राहत कार्य चलाये खातिर प्रक्रिया आ परम्परा सरकार पहिले से ही निर्धारित कइ देले बिया, ताकि आपदा की स्थिति में कवनो तरह के परेशानी ना होखो।

एगो सवाल के जबाब में नीतीश राज्य मंत्रीमंडल के विस्तार के संभावना के खारिज करत कहलन कि अब समय ही केतना बचल बाटे। जब उनका से ई पूछल गइल कि का ऊ विधानसभा चुनाव लडिहें, त एह पर ऊ कहलन कि एह विषय पर उनकर कवनो व्यक्तिगत राय नइखे।

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि 14वीं बिहार विधानसभा के कार्यकाल 24 नवंबर के खतम हो रहल बाटे अउर ओह से पहिले चुनाव करा के 15वीं विधानसभा के गठन कइल जरुरी बा।
 
Comments (1)
bihar me chunao
1 Wednesday, 07 April 2010 14:15
manoj
humni ke lage la ki bihar ke sar par fir ego chunao ke kharch ke bogha uthave ke pari, nitish babu se yahe ummed ba ki bihar ke bhalai khatir ou jarur koi achha kam karin.
hamni ke taraf se dhersan subhkamna ba.
JAI BIHAR