Home Samachar Bihar दुनिया भर के चकित कइलस "बिहार के लाल"

दुनिया भर के चकित कइलस "बिहार के लाल"

E-mail Print PDF
share
बेगूसराय। बेगूसराय के मेधावी छात्र सर्वेश ना सिर्फ राज्य के, बल्कि देश के नाम रोशन कइले बाडन। इटवा डीएवी पब्लिक स्कूल से 10वीं परीक्षा में बेहतर अंक से उत्तीर्ण सर्वेश 'व‌र्ल्ड माइंड हंटर' प्रतियोगिता में विश्व में पहिला स्थान हासिल कइले बाडन।

ओकरा अलावा ऊ 'नासा' के सहयोग से दो महिना में लिक्विड से ठोस पदार्थ के भी  निर्माण कइले बाडन। सर्वेश के एह उत्कृष्ट खोज खातिर राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल अब उनका के 'प्राइड आफ आवर नेशन एवार्ड' देवे के घोषणा कइले बाडी। राष्ट्रपति भवन से पिछला 10 फरवरी के जारी पत्र में सर्वेश के 'रेन वाटर हार्वेस्टिंग' पर सफलता पूर्वक शोध खातिर बधाई दिहल गइल बाटे।

पिछला साल अमेरिका आ नासा संयुक्त रूप से 'व‌र्ल्ड माइंड हंटर' प्रतियोगिता के आयोजन कइले रहे, जवना में सर्वेश प्रथम स्थान लाके विश्व स्तर पर तहलका मचा दिहलन। एह सफलता के बाद उनकर चयन नासा के बाल वैज्ञानिक दल में भइल। मध्यम वर्गीय परिवार से ताल्लुक रखे वाला सर्वेश के मां सरिता कुमारी सदर अस्पताल (बेगूसराय) में 'ए ग्रेड' के नर्स बाडी, जबकि उनकर पिता श्याम किशोर सिंह एगो साधारण ठेकेदार हवन। अपना बेटा के सफलता पर दूनो लोग काफी गौरवान्वित बाटे। सर्वेश के माई के कहनाम बा कि ऊ बचपन से ही खोजी प्रवृत्ति के रहे, आ अपना खिलौनन के पार्ट-पुर्जा अलग कइ के फेर ओकरा के जोड़ के बनावत रहलन।

सर्वेश, जवन कि अभी रोटरी इंटरनेशनल स्कूल (गुड़गांव) में 11वीं के छात्र हवन, एहिजा कहलन कि लिक्विड से ठोस पदार्थ बनाये के सिद्धांत प्रस्तुत कइला पर तीन मार्च के स्कूल में ही रोटरी इंटरनेशनल के राष्ट्रीय अध्यक्ष एस के शर्मा उनका के एशिया के प्रथम गोल्ड मेडल पुरस्कार से सम्मानित कइलन। अपना शोध के बारे में सर्वेश एहिजा विष्णुपुर [बेगूसराय] स्थित आवास पर बतवलन कि नासा के सहयोग से ऊ दू महीना के प्रयास में लिक्विड से ठोस पदार्थ के निर्माण कइलन। एह पद्धति से 80 प्रतिशत तक मेटल के बचत कइल जा सकेला।

एह प्रोजेक्ट के उद्योगपति रतन टाटा भी काफी प्रशंसा कइ चुकल बाडन। एकर विशेषता इहे हवे कि सोलिडोलिक्विड मेटल के निर्माण से साउंड कोलिजन खत्म हो जाई। फिलहाल त एतने कहल जा सकेला कि बिहार के एह प्रतिभा के भोजपुरिया डॉट कॉम के सलाम। हमनी के शुभकामना बा कि आगे चल के सर्वेश एही तरह बिहार के नांव दुनिया भर मे रोशन करत रहिहें। (जागरण)

Related news items:

 
click here