Home Samachar Bihar बिहार में लुटेरन के निशाना बनल ट्रेन

बिहार में लुटेरन के निशाना बनल ट्रेन

E-mail Print PDF
share
नई दिल्ली। बिहार में एक बार फेर ट्रेन लुटेरों का निशाना बनल बाटे। राज्य के लखीसराय जिला के क्यूल स्टेशन के पास करीब 30 डकैत हावड़ा से नई दिल्ली जा रहल लालकिला एक्सप्रेस के चार बोगियों पर हमला बोल दिहले सन। एह में तीन एसी कोच और एक स्लीपर कोच शामिल रहे। एह  हमला में करीब 12 मुसाफिर ज़ख़्मी भइल बाडन।

एह लूट पाट में मुसाफिर लोगन के डरावे धमकावे खातिर फायरिंग भी कइल गइल। एह फायरिंग में एगो मुसाफिर के गोली लाग गइल बाटे, जेकर हालत चिंताजनक बतावल जा रहल बाटे। एकरा अलावा एह हमला में करीब 12 यात्री ज़ख़्मी भइल बाडन। घायल लोगन के नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पूर्व मध्य रेलवे (ईस्टर्न सेंट्रल रेलवे) के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी (सीपीआरओ) दिलीप कुमार भी एह घटना के पुष्टि कइले बाडन।

एह घटना के बाद यात्री लोगन में रेलवे के प्रति बहुत आक्रोश बा। अगिला स्टेशन पर ट्रेन पहुँचला के बाद गुस्साइल यात्री रेलवे के खिलाफ नाराबाजी करत तोड़-फोड़ भी कइले बाडन।