पटना। देश के सबसे बड़हन पेट्रोलियम कम्पनी इंडियन ऑयल कॉरपोरेशन लिमिटेड (आईओसी) बिहार में 602 करोड़ रुपया के निवेश करे के फैसला कइले बिया।आई ओ सी के महाप्रबंधक (बिहार और झारखंड) बी. बी. चौधरी एहिजा पत्रकारन के बतवलन कि कम्पनी के बिहार में कारोबार के विस्तार की योजना बाटे, जेकरा तहत कई गो योजना पर काम चल रहल बाटे अउर कई गो नया योजना शुरू करे के प्रस्ताव बाटे। एह सब योजना के जरिये कम्पनी अगिला तीन साल में बिहार में 602 करोड़ रूपया का निवेश करी।
श्री चौधरी के कहनाम बा कि आईओसी विश्व में चौथी अउर देश में दूसरी सबसे बड़हन आ तेजी से विकास करे वाली कंपनी हिय। बिहार में कम्पनी के योजना के चर्चा करत ऊ बतवलन कि कम्पनी मुजफ्फरपुर में चालू वित्तीय वर्ष में 44 हजार मीट्रिक टन क्षमता वाली एलपीजी (रसोई गैस) बॉटलिंग प्लांट लगाई, जेकरा से पूरा राज्य में रसोई गैस के मांग के पूरा कइल जाई। बिहार में पेट्रोल और डीजल की बढ़त मांग के देखते हुए मोतिहारी (नेपाल-अमलेखगंज डिपो) तथा बैतलपुर डिपो (उत्तर प्रदेश) के बीच में नया पाइप लाइन बिछावल जाई।
एकरा अलावा आईओसी के सुरक्षा अउर बेहतर प्रबंधन खातिर रक्सौल डिपो के मोतिहारी ले जाये के योजना बडुये, जबकि बरौनी स्थित रिफाइनरी के विस्तार पर कम्पनी सात करोड़ रुपया खर्च करी।



Bihar me bhail badalao ke hi i parinam bate ki barahan company ke dhyan Bihar lage gail baTe
yeh tarah ke der nivesh ke jarurat baa khas taor se IT ke area me
jai bhojpuri