Home Samachar Bihar सुपौल में डूबल नाव; 50 के मरे के आशंका

सुपौल में डूबल नाव; 50 के मरे के आशंका

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के सुपौल जिला के बरौना थाना क्षेत्र में कोसी नदी में एगो नांव के डूब गइला के कारण करीब 50 लोगन के मरे के आशंका बा। सरकार मृतक लोगन के परिजन खातिर डेढ़-डेढ़ लाख रूपया मुआवजा के घोषणा कइले बिया।

मुख्यमंत्री सचिवालय के एगो अधिकारी के अनुसार सभ मृतक के परिजनन के डेढ़-डेढ़ लाख रूपया के मुआवजा दिहल जाई। आपदा प्रबंधन विभाग के सचिव ब्यासजी के कहनाम बा कि घटना स्थल पर एनडीआरएफ के टीम के सहरसा से रवाना कर दिहल गइल बाटे, जवन कि ओहिजा राहत आ बचाव कार्य करी। पुलिस के अनुसार मरमोत्रा गांव के लोग नदी पार कर के बुधवार के सांझी खान दूसरा गांव में भोज खाये गइल रहे, आ ओहिजा से लौटत समय नदी में नाव पलट गइल। पुलिस के अनुसार घटनास्थल कोसी अउर तिजुगारी नदी के संगम स्थल पर बतावल जा रहल बाटे।

हालांकि एह हादसा में मरे वालन के सही संख्या के पता नइखे लागत, लेकिन अब ले नदी से 20 से अधिक शव निकालल जा चुकल बाटे। दुर्घटना के जानकारी मिलते साथ आसपास के गांव के लोग बरमतरा घाट का नजदीक जमा होके लापता भइल लोगन के तलाशी में लाग गइल बाटे। गांव में यातायात के असुविधा के कारण राहत अउर बचाव कार्य में परेशानी के सामना करे के पड रहल बाटे।

Related news items: