नई दिल्ली। कुल 243 सीटन वाला बिहार विधानसभा के चुनाव छह चरण तक खींचे जाये के अनुमान ना त नेता लोग के रहे, आ नाही सूबे के अफसरन के। अब नेता लोग छह चरण में होखे जा रहल बिहार के चुनाव से बिदक गइल बा, आ दशहरा, दिवाली आ छठ के बीच चुनाव के घोषणा को ऊ लोग गलत बता रहल बाटे। चुनाव के तारीखन के घोषणा होते साथ विभिन्न दलन के नेता छठ के ठीक पहिले पांचवा चरण के चुनाव के तारीख में तब्दीली करे के मांग कइ रहल बाटे।सूर्य के उपासना के पर्व छठ नहाय खाय, खरना अउर सूर्य के एक दिन शाम के आ दूसरा दिन सूर्योदय के समय अर्घ के साथ तीन दिन में संपन्न होला। व्रत के तैयारी हफ्ता भर पहिले से चलेला, अउर एह से मानल जा रहल बाटे कि प्रत्याशी लोग एह समय चुनाव प्रचार करे के स्थिति में ना रही। एह मुद्दा पर संवादादाता लोग से बात करत जदयू अध्यक्ष शरद यादव कहलन कि चुनाव आयोग के छठ के ठीक पहिले पांचवा चरण के चुनाव के तारीख बदले के चाहीं। राजद, लोजपा, भाजपा अउर कांग्रेस के कई गो नेता अलग-अलग बातचीत में सकरलन कि कुछ चुनाव के कुछ तारीखन पर आयोग से बातचीत कर के बीच के रास्ता निकाले के कोशिश कइल जाई। औसतन हर चरण में 40 सीटन पर चुनाव के तैयारी आयोग कइले बाटे।
एह से पहिल काल्ह चुनाव आयोग बिहार में विधानसभा के चुनाव छह चरणन में 21 अक्टूबर से लेके 20 नवंबर तक होखे के घोषणा कइ दिहलस। अंतिम चरण के मतदान के चार दिन बाद मतगणना 24 नवम्बर के करावल जाई। एह बात के घोषणा करत मुख्य चुनाव आयुक्त एसवाई कुरैशी कहलन कि पहिला चरण में 21 अक्टूबर के 47 सीटन खातिर, दूसरा चरण में 24 अक्टूबर के 45 सीटन खातिर, तीसरा चरण में 28 अक्टूबर के 48 सीटन खातिर, चौथा चरण में एक नवंबर के 42 सीटन खातिर, पाँचवा चरण में नौ नवंबर के 35 सीटन खातिर अउर 20 नवंबर के अंतिम चरण में 26 सीटन खातिर मतदान होई। एह बेर राज्य के पाँच करोड़ 50 लाख 88 हजार मतदाता 56 हजार 943 मतदान केन्द्रन पर आपन मताधिकार के प्रयोग करिहें। चुनाव के घोषणा के साथ ही राज्य में आदर्श चुनाव आचार संहिता लागू हो गइल बाटे।
एह चुनाव में राज्य में सत्तारूढ़ जदयू-भाजपा गठबंधन के मुख्य मुकाबला लालू प्रसाद अउर रामविलास पासवान के नेतृत्व वाला राजद-लोजपा गठबंधन से होई। लंबा समय से सत्ता से बाहर रहल कांग्रेस भी एह बेर पूरा दमखम से चुनाव मैदान में उतरी। पिछला बेर के लोकसभा चुनाव नियन एह बेर भी कांग्रेस राज्य के कुल्ह सीटन पर अकेले चुनाव लडे के घोषणा कइले बिया।
चाहे नक्सल प्रभावित गया, जहानाबाद अउर नेपाल के सीमावर्ती सीमांचल इलाका हो, चाहें फिर मिथिलांचल, भोजपुर अउर कोशी के वृहत क्षेत्र, कुल्ह मिला के 56 हजार 943 पोलिंग बूथ पर केंद्रीय बल के तैनाती सुनिश्चित करे खातिर आयोग पिछली दफा के 5 चरण के बजाय एह बेर छह चरण के चुनाव के प्रस्ताव तैयार कइले बाटे।



