Home Samachar Bihar बिहार चुनाव: दबंग के बाद 'लेडी दबंग'

बिहार चुनाव: दबंग के बाद 'लेडी दबंग'

E-mail Print PDF
share

पटना। बिहार में संगीन अपराध के तहत सजा काट रहल बाहुबली लोग भले ही विधानसभा चुनाव में खुद नइखे उतर पावत, लेकिन आपन राजनितिक वजूद के जिन्दा रखला खातिर अपना-अपना मेहरारू से आस लगा रहल बा लोग। एह साल बिहार के कई गो बाहुबली अपना मेहरारू के विधानसभा में पहुँचावे के कोशिश में बा लोग।

वर्तमान विधायक अउर राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के उम्मीदवार कुन्ती देवी एक बार फिर से गया जिला के अतरी विधानसभा क्षेत्र से चुनावी दंगल में उतरल बाड़ी। इनकर पति राजेन्द्र यादव वर्तमान समय में हत्या के एगो मामला में जेल में सजा काट रहल बाडन, जबकि कई गो अन्य अपराधिक मामला भी इन पर चल रहल बाटे। एही तरह नवादा क्षेत्र के वर्तमान निर्दलीय विधायक पूर्णिमा यादव अउर इनकर पति आ निर्दलीय विधायक कौशल यादव के जद (यु) के टिकट  मिलल बा। कौशल पर राजस्व घोटाला समेत कई गो अपराधिक मामला चल रहल बाटे। एही क्रम में बक्सर जिला के शाहपुर विधानसभा क्षेत्र के विधायक मुन्नी देवी आ खगड़िया के पूनम देवी एक बार फिर अपना बाहुबली पति के सहारे चुनाव मैदान में किस्मत आजमा रहल बाड़ी। मुन्नी के पति भुअर ओझा तथा देवर विमेश्वर ओझा कई गो अपराधिक मामला में आरोपी बा लोग, जबकि पूनम के पति रणवीर यादव पर भी कई गो अपराधिक चल रहल बाटे।

लालगंज के विधायक मुन्ना शुक्ला के मंत्री वृजबिहारी प्रसाद के हत्याकांड में दोषी करार दिहल गइल बाटे, लेकिन एह चुनाव में उनकर पत्नी अन्नु शुक्ला जद (यु) खातिर प्रत्याशी बाड़ी। एही तरह बाहुबली पूर्व सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव विधायक अजीत सरकार के हत्या के मामला में दोषी बाडन, जबकि उनकर पत्नी रंजीता रंजन चुनावी मैदान में उतरल बाड़ी। हाल ही में कांग्रेस में शामिल बाहुबली सांसद आनन्द मोहन के मेहरारू लवली आनंद के सहरसा जिला के आलमनगर से प्रत्याशी बनावल गइल बाटे। आनंद मोहन सहरसा जेल में पूर्व जिलाधिकारी जी. कृष्णैया हत्याकांड के मामला में सजा काट रहल बाडन।

एही तरह राजद विधायक बीमा भारती एह चुनाव में पाला बदल के जद (यु) के टिकट पर रूपौली विधानसभा क्षेत्र से चुनाव मैदान में बाड़ी। बीमा के पति अवधेश मंडल हत्या, रंगदारी जइसन करीब एक दर्जन से ज्यादा मामला में आरोपी बाड़े। एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि पिछला लोकसभा चुनाव में भी बाहुबली पूर्व सांसद शहाबुद्दीन अपना पत्नी हिना शहाब, पप्पू यादव अपना माई शांति देवी, अउर बाहुबली पूर्व सांसद सूरजभान अपना पत्नी वीणा देवी के चुनाव मैदान में उतरले रहे लोग, लेकिन एह सब लोगन के हार के मुँह देखे के पडल रहे। अब फिर से इहे देखे के बा कि विधानसभा के चुनाव में इ दबंग लोगन के दबंगई केतना चलता।

 
Comments (1)
bahubal mukt bihar
1 Thursday, 28 October 2010 11:26
pankaj kumar
bihar me bahubaliyo ko chunao me har ka muh dekhna para . isse to yahi lagata hai ki is chunao me bhi wo harenge. agar 1 2 jit bhi jate hai to ane wale samay me unka patta saf hona nischit hai...............