Home Samachar Bihar पहिला चरण में 54 फीसदी मतदान, 150 गिरफ्तार

पहिला चरण में 54 फीसदी मतदान, 150 गिरफ्तार

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला दौर में गुरुवार के 47 विधानसभा क्षेत्रन के एक करोड़ सात लाख मतदाता लोगन में से 54.31 प्रतिशत लोग एहिजा भारी सुरक्षा के बीच शांतिपूर्ण ढंग से अपना मताधिकार के प्रयोग कइल।
 
मतदान सबेरे सात बजे शुरू भइल आ सिमरी बख्तियारपुर में दोपहर तीन बजे, जबकि बाकी विधानसभा क्षेत्रन में साँझ के पांच बजे खतम भइल। पुलिस महानिदेशक नीलमणि आज के मतदान के शांतिपूर्ण बतावल कहलन कि एह दौरान कई जगहन पर कदाचार आ गड़बड़ी फैलाये के कोशिश कइ राल 150 से बेसी लोगन के गिरफ्तार कइल गइल, अउर 45 गाडी जब्त कइल गइल। एह दौरान नौ गो मतदान केन्द्रन पर मतदान के बहिष्कार के भी खबर आ रहल बाटे।
 
सरकारी सूत्रन के कहनाम बा कि पूर्णिया के बायसी विधानसभा क्षेत्र से समाजवादी जनता पार्टी उम्मीदवार अलीमुद्दीन अंसारी के गडबडी फैलाये के आरोप में हिरासत में लिहल गइल। सुपौल जिला में छातापुर विधानसभा क्षेत्र के पीठासीन अधिकारी मनमोहन यादव के शिकायत पर जदयू के प्रत्याशी नीरज कुमार बबलू के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बाटे, अउर उनकर गिरफ्तारी के आदेश दिहल जा चुकल बा।
 
मधेपुरा से मिल रहल सूचना के अनुसार बीपीएल कार्डधारी अउर अन्य स्थानीय लोग एहिजा के दूगो मतदान केन्द्र पर पत्थर फेंकल, जिनका के बाद में निर्वाचन अधिकारी लोग समझा बुझा के शांत कइल। दोसरा ओर, मधुबनी जिला के लौकहा विधानसभा क्षेत्र में एगो मतदान केंद्र के बाहर बम धमाका भइल, लेकिन ओह में केहु घायल ना भइल। 243 सदस्यीय बिहार विधानसभा के पहिला दौर के मतदान के बाद कुल 631 उम्मीदवारन के चुनावी भाग्य मतदान मशीनन में बंद हो गइल बाटे।