Home Samachar Bihar जेल में शहाबुद्दीन के वॉर्ड से मोबाइल बरामद

जेल में शहाबुद्दीन के वॉर्ड से मोबाइल बरामद

E-mail Print PDF
share
सिवान। बिहार के सीवान जिला के जेल में डीएम अउर एसपी के नेतृत्व में कइल गइल छापामारी में पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के वॉर्ड से तीन गो मोबाइल फोन आ अउर तीन गो सिम कार्ड बरामद कइल गइल।

पुलिस के कहनाम बा कि गुप्त सूचना मिलल रहे कि जेल में बंद बाहुबली पूर्व सांसद शहाबुद्दीन बाहरी लोगन से फोन से बातचीत कइ रहल बाडन। एही सूचना के आधार पर जेल में छापामारी कइल गइल। छापामारी के दौरान शहाबुद्दीन के वार्ड से तीन गो मोबाइल फोन, तीन गो सीम कार्ड अउर एगो चार्जर समेत कई गो आपत्तिजनक चीज बरामद भइल।

पुलिस के मानना बा कि बिहार विधानसभा चुनाव के संदर्भ में शहाबुद्दीन मतदाता लोगन से बात करत रहलन। वइसे एह मामला में पुलिस छानबीन कर रहल बिया, आ मोबाइल फोन के रेकार्ड भी निकलवावल जा रहल बाटे, जवना से पता चली कि शहाबुद्दीन आखिर केकरा-केकरा से बात करत रहलन। एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि शहाबुद्दीन जेएनयू के छात्र नेता चंद्रशेखर के हत्या समेत छह से बेसी आपराधिक मामला में जेल में बंद बाडन।