बेतिया। बिहार के पश्चिमी चंपारण जिला में लौरिया विधानसभा क्षेत्र में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चुनावी सभा में एगो व्यक्ति निवर्तमान विधायक अउर जेड (यू) प्रत्याशी का ओर चप्पल फेंक के अच्छा-खासा हंगामा कइ दिहलस। बतावल जा रहल बाटे कि ऊ व्यक्ति बाढ़ राहत कार्य में उपेक्षा से क्षुब्ध बा। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार जिला के योगापट्टी में भइल एगो चुनावी सभा के दौरान बाढ़ के कारण भइल क्षति के बाद मुआवजा, पुनर्वास अउर राहत कार्य के लेके कुछ लोग लौरिया के निवर्तमान विधायक आ जेडी (यू) प्रत्याशी प्रदीप सिंह से नाराज रहे। मुख्यमंत्री जइसहीं आपन भाषण समाप्त कर के लोगन के सामने प्रत्याशी के अभिनंदन करे के घोषणा कइलन, नाराज शख्स एकर विरोध जतावत प्रत्याशी का ओर चप्पल फेंक दिहलस। हालांकि, चप्पल केहु के ना लागल।
बाद में नीतीश लोगन के बीच जाके हंगामा कइ रहल कुछ लोगन के शांत करवलन आ कहलन कि जवन भी शिकवा शिकायत होखे, हमसे कहीं। एकरा बाद ऊ हेलिकॉप्टर से रवाना हो गइलन।


