Home Samachar Bihar बिहार में सेवा के अधिकार खातिर कानून बनी

बिहार में सेवा के अधिकार खातिर कानून बनी

E-mail Print PDF
share
पटना। हाल में संपन्न बिहार विधानसभा चुनाव में भारी जीत के बाद लोगन के आकांक्षा पूरा करे के कवायद में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि सरकार अउर ओकर एजेंसी जनता के जवन सेवा देवेली सन, ओकरा के समय पर सुनिश्चित करे खातिर प्रदेश में सेवा के अधिकार कानून बनी।

जेडीयू के नवनियुक्त प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के अभिनंदन में पार्टी कार्यालय में आयोजित एगो कार्यक्रम में नीतीश कहलन कि सरकार द्वारा दीहल जाये वाली सेवा में लालफीताशाही अउर भ्रष्टाचार समाप्त करे खातिर सेवा के अधिकार कानून बनी, अउर एह संबंध में विधेयक बिहार विधानसभा के बजट सत्र में पेश कइल जाई।

एह बारे में उदाहरण देत नीतीश कहलन कि आम लोगन के आय प्रमाणपत्र प्राप्त करे, बिल जमा करे अउर परिवहन विभाग से संबंधित सेवा के प्राप्त करे में काफी अड़चन के सामना करे के पडेला, अउर ई एह तरह के सेवा जनता के समय पर मिलो, एकरा खातिर जवाबदेही तय होई। मुख्यमंत्री के कहनाम बा कि एह तरह के सेवा खातिर कानून बना के आधिकारिक जिम्मेदारी तय कइल जाई, अउर एकर पालन ना करे वाला अधिकारियन पर कारवाई होई।

नीतीश इहो कहलन कि सरकार अउर सरकारी एजेंसियन से मिले वाली सेवा तय समय सीमा में प्राप्त कइल आम जनता के अधिकार हवे, अउर एहमें अगर केहु कोताही करता, त ई ओकरा अधिकार पर हमला बा।

Related news items:

 
Comments (1)
स्वागत योग्य कदम
1 Tuesday, 30 November 2010 16:08
Navin Bhojpuria
बहुत ही बरियार कदम आ जरुरत बा एह के जमीन पे सही तरिका से उतारे के जवना से हर जरुरतमँद आदमी के एह सेवा के फायेदा मिल सके ।

बधाई बा एह योजना खातिर एह पहल खातिर