पटना। विकास जईसन मुद्दा के असर कहीं भा नीमन बदलाव के, आजकल बिहार से नीमन खबर आवे लागल बा आ नीमन खबर अईसन जवन बिहार के सबसे बडहन रोग खातिर इलाज बा। जी हाँ, बिहार के सबसे बडहन समस्या बा रोजगार के, अउर जबसे नीतीश पार्ट टु सरकार आईल तब से अभी ले जवन भी बरियार समाचार मिलल बा, उ बा उद्योग आ रोजगार का ओर से।अभी कुछ दिन पहिले एसोचैम बिहार खातिर 14 गो उद्योग समुह के घोषणा कईले रहल तले ई एगो खबर आवत बा कि आचार संहिता के हटला के बाद बिहार मे अब बहाली शुरु हो गईल बाटे। एह कडी मे स्पेशल आग्जिलियरी पुलिस (सैप) के खाली 9000 पोस्ट के भरे के प्रक्रिया शुरु हो गईल बा। एडीजी (मुख्यालय) पी के ठाकुर के कहनाम बा कि 8 दिसम्बर से पहिले पुर्व सैंनिक लोग एह पद खातिर आवेदन कइ सकेला। ई नियुक्ति संविदा के आधार पर खाली पुर्व सैनिक लोगन खातिर होई। पी के ठाकुर जी बतवलन कि सैप के 17000 पद बा, जवना मे 8000 नियुक्ति पहिलहीं हो चुकल बा, अउर 9000 पद खातिर बहाली होखे जा रहल बाटे। एह बेर जवान से लेके हवलदार आ रसोईया तक के पद खातिर नियुक्ति होई। जवान के पद खातिर अधिक से अधिक उमिर 47 आ हवलदार खातिर 52 बा। जवान के 12 हजार, हवलदार के 15 हजार अउर रसोईया के 8400 तनखाह बा।
एकरा अलावा राज्य सरकार अब जिला मुख्यालय से बेरोजगार लोगन के नोकरी देबे जा रहल बिया। श्रम संसाधन बिभाग का ओर से ई शुरुवात कईल जा रहल बा जवना मे 9 दिसम्बर से हर जिला मे नियोजन मेला लागी। एह बिभाग के सहायक निदेशक एस एस त्रिपाठी बतवलन कि एह मेला मे खाली राष्ट्रीय स्तर के ही ना बलुक अंतराष्ट्रीय स्तर के, आ देश बिदेश से कम्पनी अईहन स, आ ई नियोजन मेला हर जिला के आई टी आई के प्रागंण (कैम्पस) मे लागी। पटना मे 14 दिसम्बर के ई मेला लागे वाला बा।
एह सब के अलावा राज्य सरकार आवे वाला समय मे प्राथमिक शिक्षकन के भर्ती करे जा रहल बिया। असल मे आचार संहिता के कारण एह पे तनी विराम लाग गइल रहल ह, लेकिन मानव संसाधन विभाग का ओर से शिक्षकन के नियुक्ति खातिर राह खुल गईल बाटे।



