Home Samachar Bihar बिहार में बाढ के कहर जारी, हजारन लोग भइल बेघर

बिहार में बाढ के कहर जारी, हजारन लोग भइल बेघर

E-mail Print PDF
share
सीतामढी। सीतामढी जिला में बागमती के तटबंध टूटला से तबाह भइल तिलकताजपुर गाँव में रविवार के सेना के जवान मोर्चा संभार लेहले। जवानन द्वारा लोगन के राहत पहुँचाये आ मोटर बोट द्वारा सुरक्षित जगह पर पहुँचाये के काम शुरु क दीहल गइल बा।

अभी मिलल खबर के अनुसार राहत के नांव पर पहिला दिन लोगन के मात्र मुठ्ठी भर चिउडा मिलल, आ कुछ लोगन के पॉलिथीन भी मिलल, बाकिर ज्यादातर लोग अपना बाल- बच्चा का संगे भीगते- भीगते पहिला रात बितावल। बागमती अभी भी खतरा के जलस्तर से उपर बह रहल बिया। दोसरा ओर शिवहर में भी बागमती के पानी कई गो नया गांवन में प्रवेश क गइल बा। लखनदेई आ कमला के जलस्तर भी लगातार बढ रहल बाटे, जबकि बरखा रुकला का बाद गंडक के जलस्तर घटला से लोग राहत के सांस लेले बा।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार रविवार के बाढ प्रभावित इलाका के हवाई सर्वेक्षण कइला का बाद अधिकारियन का संगे एहो आपात बैठक कइले। "हम रउआ सब के बतावल चाह तानी कि राज्य सरकार बाढ पीडितन के मदद में कवनो कसर ना छोडी। हमनी का एहिजा तीन गो राहत कैम्प खोले जा रहल बानी जा, जहाँ खाना आ दवा के निःशुल्क व्यवस्था रही। सब बाढ पीडित लोगन के सरकार का ओर से एक महीना के राशन भी दिहल जाई।"

प्रशासन के लगातार दावा के बाबजुद तटबंध टूटला से मुख्यमंत्री दुखी बाडे - "हमरा शिकायत मिलल बा कि एह मामला में कुछ लापरवाही भइल बा। हम रउआ लोग के आश्वस्त कइल चाहेब कि हमनी का एकर जाँच करा रहल बानी जा, आ दोषी लोग के खिलाफ कडा कारवाई होई।" आपदा के एह घडी में मुख्यमंत्री सब लोगन के आगे बढ के मदद अरे के अपील भी कइले।
 
सीतामढी जिला के एगो सरकारी अधिकारी के अनुसार एक लाख से ज्यादा लोग एह बाढ से प्रभावित बाटे, आ प्रशासन सबके सुरक्षित जगह पर ले जाये में लागल बा। अभी भी बिहार के लोगन के पिछिला साल के कोसी के बाढ के नजारा नइखे भुलाइल, जवना में 30 लाख से ज्यादा लोग बेघर हो गइल रहे, आ सैकडन लोग काल के गाल में समा गइल रहे।