पटना। बिहार में बाढ के स्थिति ओह स अमय आउर खराब हो गइल जब लखनदेई नदी पर बनल तटबंध दू जगह पर टूट गइल। राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्र सराकार पर इल्जाम लगवले ह कि बार- बार मँगला का बावजुद केन्द्र सरकार पिछिला साल के कोसी बाढ पीडितन खातिर पैकेज नइखे देत।तिरहुत डिविजन के कमिश्नर एस. एम. राजु के अनुसार सोमार के भोरही सीतामढी जिला के तिलकताजपुर गांव का लगे लगभग 200 मीटर के पट्टी में तटबन्ध टूटला से 100 गो आउर गांवन में बाढ के पानी घुस गइल। बाढ से प्रभावित तीन लाख से ज्यादा लोगन खातिर राज्य सरकार राहत के व्यवस्था में लागल बिया।
राष्ट्रीय आपदा बल के एगो बटालियन मोटर बोट, नाव आ लाइफ जैकेट के सहारे लोगन के सुरक्षित स्थान पर ले जाये में लागल बाटे। सीतामढी के रुन्नीसैदपुर में प्रशासन द्वारा एगो राहत शिविर भी चलावल जा रहल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बाढ पीडित परिवारन के एक-एक क्विंटल अनाज, आ 2,200 रुपया देवे के घोषणा कइले बाडे।
नेपाल में लागतार हो रहल बरखा का वजह से बाढ के स्थिति में सुधार होखे के भी कवनो संभावना नइखे लउकत। मुजफ्फरपुर आ सीतामढी का बीच राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 77 पर कोआही गाँव का लगे दू फुट पानी बह रहल बा। एक ओर बाढ आ दोसरा ओर सुखा से जुझ रहल बिहार सरकार खातिर अपना बल-बूता पर एह से पार लागल मुश्किल लागता।


