Home Samachar Bihar बिहार की तरक्की देख के खुश भइल वर्ल्ड बैंक

बिहार की तरक्की देख के खुश भइल वर्ल्ड बैंक

E-mail Print PDF
share
पटना। नीतीश कुमार के जादुई शासन काल में बिहार के तरक्की से अब वर्ल्ड बैंक भी खुस हो गइल बाटे। हाल ही में बिहार के दौरा पर आइल वर्ल्ड बैंक के प्रमुख रॉबर्ट जोलिक बिहार के तेज रफ़्तार तरक्की देखि के बहुत उत्साहित भइलन।

पटना में रॉबर्ट जोलिक अउर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मुलाकात के बाद नीतीश कुमार कहलन कि "जोलिक बिहार के तरक्की के कहानी  विस्तार से जनला के इच्छा रखले रहलन। हम काफी हद तक उनका के ए  विषय में जानकारी दे देहले बानी।" नीतीश इहो कहलन कि "बिहार सरकार के साइकिल योजना उनका बहुत पसंद आइल।" जइसन की रउआ के पता होई कि एह योजना के तहत बिहार सरकार स्कूल जाये वाला लइकिन के मुफ्त में साइकिल देबेले।

नीतीश कुमार कहलन कि उनकर योजना साल 2015 तक बिहार के एगो विकसित राज्य के दर्जा दिलवावल बा। अउर उनका उम्मेद बा कि वर्ल्ड बैंक एह में पूरा सहयोग करी। जोलिक के साथ भइल मुलाकात के दौरान नीतीश उनका के बिहार के प्रमुख पर्यटन स्थल बोधगया आवे के भी नेवता दिहलन।

वर्ल्ड बैंक के प्रमुख अउर मुख्यमंत्री के मुलाकात में वर्ल्ड बैंक का ओर से बिहार सरकार के 1000 हजार करोड़ रुपया के फंड दिहल गइल बाटे, जेकर इस्तेमाल साल 2008 में कोसी नदी में आइल बाढ़ से प्रभावित क्षेत्रन के पुनरूत्थान खातिर कइल जाई।

Related news items:

 
Comments (1)
shikayat patra
1 Tuesday, 25 January 2011 16:28
shyam vishwakarma
khushi ta sab se badi tab hoi jab ham sabhi log apne bhojpuri bhasa ke samman karihain,
yaha ta bhojpuri bhasa se etani chidh ho jala kee muh se gali nikalela,
apne bhojpuri gana picture me kitana phuhadpan , nangapan hawe kee bardast ke bahar ho jala.
sayad ye sikayat hamar akele ke naa hoye chahi .
hamare jaisan karodo bhai bahan kee bura lagat hoi
aapne bhojpuri bhasa ke majak udaya jala.
itana sharam kauno bhasa se naahi aavela,
click here