सीतामढी। बिहार में बागमती आ लखनदेई नदी के जलस्तर में कमी अइला से बाढ के हालत में धीरे- धीरे सुधार आये लागल बा, जेकरा वजह से प्रशासन भी चैन के सांस लेले बा।सरकारी सूत्रन का अनुसार पिछिला शनिचर के बागमती के तटबंध टूटला का वजह से लखनदेई में भारी उफान आ गइल रहे, जेकरा वजह से कटरा प्रखण्ड में सैकडन गांवन में बाढ के पानी घुस गइल रहे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बागमती के तटबंध टूटला के जाँच के जिम्मा तिरहुत के आयुक्त आ पुलिस उपमहानिरीक्षक के सौंपले रहलन, जेकि आपन जाँच पुरा क के रिपोर्ट 1-2 दिन में सौंपे खातिर तैयार बाडे।
बागमती नदी के तटबंध के मरम्मत के काम जारी बा, आ आज रात ले पुरा हो जाये के उमेद बा। राष्ट्रीय आपदा बल के दु गो बटालियन नाव आ लाइफ जैकट का संगे लोगन का बीच में राहत- सामग्री के वितरण में लागल बाटे। बाढ से प्रभावित राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 77 आ 104 के फिर से चालु क दिहल गइल बा।



