Home Samachar Bihar नीतीश कुमार के चीन यात्रा

नीतीश कुमार के चीन यात्रा

E-mail Print PDF
share

पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चीनी राजदूत के आमंत्रण अउर विदेश मंत्रालय के सहमति के बाद 12 जून के चीन खातिर रवाना होइहन। मुख्यमंत्री उहा कई गो सम्मेलन में भाग लिहन।

 
मुख्यमंत्री सचिवालय के अनुसार  मुख्यमंत्री 12 जून के चीन के दौरा पर जइहन अउर 18 जून के स्वदेश लौट अइहन। चीन यात्रा के दौरान नितीश शंघाई, बीजिंग के यात्रा पे भी जइहन अउर बौद्धिक सम्मेलन में भाग लिहन।

मुख्यमंत्री चीन द्वारा बिजली, सिंचाई अउर विभिन्न क्षेत्र में भइल विकास कार्य के भी देखिहन। मुख्मंत्री का संगे चीन यात्रा के दौरान शिष्टमण्डल में राज्य के जल संसाधन मंत्री विजय कुमार चौधरी, पर्यटन मंत्री सुनील कुमार पिन्टू, विकास आयुक्त के. सी. साहा, मुख्यमंत्री के सचिव एस सिद्धार्थ अउर अतीश चन्द्रा के रहे के संभावना बा।  साथ में दूगो गैर सरकारी सदस्य चेम्बर ऑफ कॉमर्स के अध्यक्ष ओ. पी. साहा अउर बिहार औद्योगिक संघ के अध्यक्ष एसपी सिन्हा भी अपना खर्च पर चीन के दौरा पर संगे जइहन।