पटना। बियफे के लालू प्रसाद यादव का ओर से बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पे कइल टिप्पणी पर नीतीश कुमार करारा जबाब देहले बाडन। काल्ह संवाददाता सम्मलेन में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि राजद सुप्रीमों लालू प्रसाद यादव के फालतू में बोलत रहला के आदत ह, अउर उ हमेशा फालतू में बक-बक करत रहेलन।जइसन कि ज्ञात बा कि आरजेडी सुप्रीमो अउर बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद बियफे के नीतीश सरकार के खिलाफ मोर्चा खोल देहले बाडन। लालू नीतीश सरकार के हर मोर्चा पे असफल बतावत इ प्राण कइले रहलन कि उ अब नीतीश कुमार के एक-एक पोल खोल के रहिहन। लालू प्रसाद कहले रहलन कि बिहार के जनता अब नीतीश कुमार से छुटकारा पावल चाहत बिया, काहें कि जनता अब राज्य में जारी घपला अउर घोटालन के बारे में जान चुकल बिया।
ओने दोसरा ओर एही विषय में उप-मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहलन कि अगर लालू प्रसाद सक्रिय हो गइल बाडन त, त ई एगो बढिया संकेत बा। उ हमनी के खिलाफ बोलत रहिहन त लोगन के उनका 15 बरिस के जंगलराज के याद आवत रही। श्री मोदी कहलन कि "विधानसभा चुनाव में हार से भी लालू प्रसाद सबक नइखन लिहले। हार के बाद उ बार-बार नीतीश कुमार पर इवीएम ‘मैनेज’ कइला के आरोप लगावत बाड़न। भगवान उनका के सद्बुद्धि देस।"



