Home Samachar Bihar वरिष्ठ साहित्यकार नागेन्द्र कुमार श्रीवास्तव के हत्या

वरिष्ठ साहित्यकार नागेन्द्र कुमार श्रीवास्तव के हत्या

E-mail Print PDF
share
सिवान। बिहार के सिवान जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में स्थित ब्रजकिशोर उच्च विद्यालय के सहायक शिक्षक अउर वरिष्ठ साहित्यकार नागेन्द्र कुमार श्रीवास्तव के काल्ह देर रात कुछ अपराधियन द्वारा हत्या कइ दिहल गइल। पुलिस सूत्रन के अनुसार आज सबेरे ब्रजकिशोर उच्च विद्यालय के एगो कमरा से श्री श्रीवास्तव के शव बरामद भइल बाटे। उहाँ के 58 साल के रहनी ह।

हत्या के कारण के अभी पता नइखे लाग पावल। पुलिस के अनुसार शव पर चोट के निशान बा अउर  संभवतः कल देर रात विद्यालय में ही उनकर हत्या पीट-पीट के कइ दिहल गइल। एह सिलसिला में संबंधित थाना मामला दर्ज कइ के छानबीन शुरू कइ देहले बा। एही बीच एह घटना के जानकारी मिलते ही जिला के  साहित्यकार लोगन में शोक के लहर छा गइल बाटे, अउर उ लोग राज्य सरकार से श्री श्रीवास्तव के हत्या के  निष्पक्ष जांच करवला के मांग कइले बा लोग।
 
 
click here