Home Samachar Bihar अभयानन्द बनिहें अगिला पुलिस महानिदेशक

अभयानन्द बनिहें अगिला पुलिस महानिदेशक

E-mail Print PDF
share
पटना। वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी आ तेज-तर्रार पुलिस अधिकारी का तौर पर आपन छवि बना चुकल अभयानन्द, जेकि अपर पुलिस महानिदेशक (प्रशिक्षण) के पद पर वर्तमान में तैनात बाडन, बिहार के अगिला पुलिस महानिदेशक होइहन।

राज्य के गृह सचिव आमिर सुबहानी एहिजा कहलन कि प्रदेश के निवर्तमान पुलिस महानिदेशक नीलमणि के 31 अगस्त के रिटायर भइला पर अभयानंद उनकर स्थान लिहन। 1 जनवरी 1955 के जन्मल अउर 1977 बैच के आईपीएस अधिकारी अभयानंद अभी अपर पुलिस महानिदेशक (प्रशिक्षण) का संगे-संगे अपर पुलिस महानिदेशक, पुलिस तकनीकी सेवा और संचार के अतिरिक्त प्रभार में भी बाडन।

अभयानंद के राज्य के पुलिस महानिदेशक बनवला का संगे-संगे राज्य के तीन गो अउर वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन (शफी आलम, ए. के. गुप्ता अउर आर. सी. सिन्हा) के भी प्रोन्नति पुलिस महानिदेशक रैंक में कइल गइल बाटे।