रघुनाथपुर (सिवान)। पिछला सात दिन से आमरण अनशन पर बइठल "सिवान के अन्ना" श्री घनश्याम शुक्ल के समाज के हर वर्ग के साथ मिल रहल बाटे। हजारन के संख्या में किसान, मजदूर आ आम लोगन का संगे-संगे अब उनका के महिला लोगन के भी खासा समर्थन मिल रहल बाटे। हजारन लोगन के बीच चल रहल एह अनशन के आज ओह समय एगो नया दिशा मिल गइल, जब तीन गो स्थानीय महिला लोग (कौसड के इंदु देवी, शारदा देवी आ मोतिझरी देवी) भी उनका समर्थन में अनशन पर बइठ गइल, आ दोसरा ओर कुछ छात्रा लोग (पंजवार के निरुपमा कुमारी आ कौसड के उषा कुमारी) के भी अनशन पर बइठे के खबर आ रहल बाटे।नवहा लोगन में अनशन पर बइठे के होड के बीच आज एहिजा एगो विशाल रैली के आयोजन कइल गइल। राजपुर के ऐतिहासिक मैदान से निकल के रघुनाथपुर बाजार से गुजरत नवादा मोड़ तक गइल ई रैली ओहिजा से वापस आके प्रखंड परिसर में अनशन स्थल पर गोष्ठी के रूप में परिवर्तित हो गईल। पैदल, साइकिल आ मोटर-साइकिल पर सवार बच्चा, बुढ आ जवान लोगन के एह जनसैलाब में लोग "अन्ना हजारे आंधी है, देश का दूसरा गांधी है" नियन नारा लगावत रहे।
जनलोकपाल बिल के समर्थन में आयोजित एह गोष्ठी के संबोधित करत प्रखर समाजवादी नेता आ पूर्व विधायक विनोद कुमार सिंह कहलन कि "भ्रष्टाचार के दलदल में आकंठ डूबल एह देश के कुल्ह नेता जनता के हाथ में जनलोकपाल रुपी धारदार हथियार के आवत देख के बौखला गइल बाडन सन। हर परिवर्तन खातिर कुर्बानी देबे के पड़ेला, आ हमनी का कुर्बानी देके देश के स्वतंत्र करवले बानी जा, अउर एक बेर फेर कुर्बानी देके स्वतंत्रता के मूलभूत सिद्धांतन के रक्षा करब जा।" गोष्ठी के बनारस से आइल सामाजिक कार्यकर्ता चंचल जी भी संबोधित कइललन, जबकि एकर अध्यक्षता किसान नेता राजनारायण सिंह उर्फ़ दारोगा जी कइलन। एह अवसर पर दूर दराज से आइल हजारन के संख्या में विद्धार्थी, किसान, मजदूर, युवा अउर महिला लोग उपस्थित रहल।एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि श्री घनश्याम शुक्ल भी अन्ना नियन ही शुरू से समाज से जुड़ल बाडन। जनेऊ तोड़ो- जाति बंधन तोड़ो, दलित सहभोज, कर्मकांड विहिन श्राद्ध अउर विवाह के हिमायती श्री शुक्ल अपना माई, बाबुजी के श्राद्ध अउर बेटा के बियाह कर्मकांड विहिन ढंग से कइले बाडन। एक जमाना में आपन जनेऊ तोड़ के ऊ दलित सहभोज कइले रहलन, जेकर काफी विरोध भी उनका झेले के पडल रहे, लेकिन ऊ एह विरोध के परवाह कइले बिना आगे बढ़त गइलन। सिवान के लोगन के शैक्षणिक विकास खातिर श्री शुक्ल गांधी पुस्तकालय पंजवार, कस्तूरबा बालिका उच्च विद्यालय पंजवार, संगीत महाविद्यालय, अउर जयप्रभा डिग्री कालेज के भी स्थापना कइले बाडन। सात दिन से अनशन पर बइठल श्री शुक्ल के वजन लगातार घट रहल बाटे, जेकरा वजह से स्थानीय लोगन में काफी आक्रोश देखल जा रहल बाटे।
भोजपुरिया माटी के एह अन्ना के भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी परिवार का ओर से शत-शत नमन।


