जमुई। सिकंदरा अउर खैरा थाना क्षेत्र के सीमावर्ती दीपाकरहर जंगल में सोमवार के देर रात कथित ‘बीर दल’ अउर भाकपा मवोवादियन के बीच जम के गोलीबारी भइल। तीन घंटा तक भइल एह मुठभेड़ में सैकड़ों राउंड फायरिंग भइल, जवना में दुनो तरफ के आधा दर्जन से अधिक लोगन के गोली लगला के सुचना बा। हालांकि, आधिकारिक तौर पर एह बात के पुष्टि नइखे हो पाइल। मुठभेड़ के करीब आठ घंटा बाद घटनास्थल पर सिकंदरा थाना के पुलिस के घटना स्थल पे पहुचला के सुचना बा।थानाध्यक्ष मानवेन्द्र सिंह के अनुसार मुठभेड़ स्थल पे एगो महिला के शव मिलल बा, जेकर पहिचान नइखे हो पाइल। एकरा अलावा सैकड़न गो गोली के खोखा, नक्सली पर्चा, जरल टेंट के अवशेष, चौकी, शराब के बोतल के अलावा अउर गो कई आपत्तिजनक सामग्री भी बरामद भइल बाटे। मानल जा रहल बा कि इ दूगो ग्रुप के मुठभेड़ आपसी वर्चस्व के ले के भइल बा।
हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार सिकंदरा, खैरा, बरहट अउर लक्ष्मीपुर थाना क्षेत्र में आतंक के पर्याय बन चुकल कुख्यात इनामी अपराधी मुन्ना साव अउर नेपाली यादव गिरोह आपस में हाथ मिला चुकल बा अउर ‘बीर दल’ नाम के एगो नया गिरोह बनवले बाडे सन। इ दूनो अपराधी कभी एक-दूसरा के जानी दुश्मन रहले सन। संगठन के बनते ही बीर दल पिछला एक हफ्ता में हत्या, लूट, अपहरण जइसन कइ गो वारदातन के अंजाम दे चुकल बा। एह संगठन के काम के तरीका नक्सली संगठन के तरह ही बा, जे नक्सलियन के भी नागवार गुजरता।



