Home Samachar Bihar पटना मेडिकल कॉलेज के जूनियर डॉक्‍टर हड़ताल पर

पटना मेडिकल कॉलेज के जूनियर डॉक्‍टर हड़ताल पर

E-mail Print PDF
share
पटना। पटना मेडिकल कॉलेज हॉस्पिटल (पीएमसीएच) के जूनियर डॉक्टरन के हड़ताल से पटना के स्वास्थ्य सेवा गड़बड़ा गईल बा। पीएमसीएच के लगभग 350 जूनियर डॉक्टर स्टाइपेंड में दोगुना बढ़ोतरी के मांग के लेके बेमियादी हड़ताल पर चल गइल बाडे, जेकरा वजह से ई हालत पैदा भइल बा।

एह हड़ताल का वजह से आज अस्पताल के 14 ऑपरेशन थियेटरन में एक दिन में 70 ऑपरेशन रद्द करे के पडल ह, आ मरीजन के त खाली भगवाने मालिक बाडे। एहिजा ताज्जुब वाला बात इ बा कि जूनियर डॉक्टर अपना हड़ताल पर जाये के सूचना ना त अस्पताल प्रशासन के दिहले, आ ना ही राज्य सरकार के। हड़ताल का वजह से चिकित्सा व्यवस्था पर एतना गहरा असर पडल बा कि अब ले 21 मरीजन के मौत हो चुकल बाटे।

अचानक भइल एह हड़ताल से अस्पताल प्रशासन आ सरकार दूनो सकता में बाटे, आ आनन-फानन में सब सीनियर डॉक्टरन के छुटी रद्द क दिहल गइल बा। एह स्थिति से निपटे खातिर नजदीक के अस्पतालन से भी लभग 50 डाक्टरन के बोलावल गइल बा। एकरा अलावा सरकार के स्वास्थ्य विभाग एह जूनियर डॉक्टरन पर कार्रवाई करे के बारे में सोच रहल बाटे।
 
click here