Home Samachar Bihar बिहार में डूबल दूगो नाव, 26 लोगन के मौत

बिहार में डूबल दूगो नाव, 26 लोगन के मौत

E-mail Print PDF
share
खगड़िया/दरभंगा। बिहार के खगड़िया आ दरभंगा जिला में दूगो अलग- अलग नाव दुघर्टना में कुल 26 लोगन के  मौत हो गइल, जबकि करीब 50 लोग लापता बा।

खगड़िया जिला के पुलिस अधीक्षक इंद्रानंद मिश्र के कहनाम बा कि अलौली प्रखंड के फुलतोड़ा घाट का लगे बागमती नदी में काल्ह सांझ के भइल नाव दुर्घटना में मरे वालन के संख्या 18 पर पहुँच गइल बा, जबकि 45 से 50 लोग अभियो लापता बाटे। एह नाव पर करीब एक सौ लोग सवार रहे।

मिश्र के कहनाम बा कि बागमती नदी में दुर्घटना ओह समय भइल जब ऊ नाव नदी के बीच में पहुँचते साथ अचानक तेज आंधी शुरू हो गइल, जेकरा वजह से नाविक नाव पर नियंत्रण ना रख सकल आ ऊ पलट गइल। पंप सेट से चलावल जा रहल एह नाव पर 100 से अधिक लोग सवार रहे। ई सभ लोग सनोखर में लागल दुर्गा मेला के देख के वापस अपना गाँव फुलतोड़ा का ओर लवटत रहे।

दोसरा ओर दरभंगा जिला के कुशेश्वर स्थान थाना क्षेत्र के बसालिया पंचायत के बलात गांव के एगो उच्च विद्यालय का लगे नदी में काल्ह सांझी खान तेज आँधी का वजह से एगो नाव पलट गइला से ओह पर सवार आठ लोग काल के गाल में समा गइल। एह नाव  पर 17 लोग सवार रहे, जवना में से नौ लोग तैर के जान बचवले। ई लोग दुर्गा पूजा के अवसर पर पड़ोस के एगो गाँव में आयोजित रामलीला कार्यक्रम देखने के बाद देर शाम उक्त नौका पर सवार होकर अपने गाँव बलात लौट रहे थे।

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार विजयादशमी के दिन भइल एह दूनो दुर्घटना पर गहरा शोक जतवले, आ मरे वालन के आश्रितन खातिर राज्य सरकार का ओर से डेढ़-डेढ़ लाख रुपया मुआवजा के घोषणा कइले। सरकारी अधिकारियन के बचाव कार्य में तेजी लाये के भी निर्देश दिहल गइल बाटे।