Home Samachar Bihar खगड़िया के नाव दुर्घटना में 56 शव बरामद

खगड़िया के नाव दुर्घटना में 56 शव बरामद

E-mail Print PDF
share
खगड़िया। बिहार के खगड़िया जिला के अलौली थाना क्षेत्र में फ़ुलतोड़ा घाट का लगे बागमती नदी में सोमवार के रात भइल नाव दुर्घटना में 45 लइकन समेत 56 शव अब ले बरामद कइल जा चुकल बा।

खगड़िया के जिलाधिकारी अभय कुमार सिंह के कहनाम बा कि पटना आ सहरसा से एहिजा आइल गोताखोरन के विशेष टीम लगातार लापता लोगन के तलाश में लागल बिया। आ एही तलाशी अभियान के दौरान आज सबेरे नौ बजे ले 45 बच्चा, सात महिला आ चार पुरूष समेत कुल 56 लोगन के शव बरामद कइल जा चुकल बाटे। एकरा अलावा बाकी लापता लोग के तलाश अभियो जारी बा।

एकरा अलावा श्री सिंह बतवले कि बरामद लाशन के पोस्टमार्टम मौका पर उपस्थित मेडिकल टीम द्वारा कइल जा रहल बा। जिला प्रशासन का ओर से पीड़ित परिवारन के दाह संस्कार खातिर 1500 रूपया तुरंत दिहल जा रहल बाटे, आ ओकरा बाद बिहार सरकार का ओर से 1.50 लाख के राशि मुहैया करावल जा रहल बा।