पटना। बिहार के दूरदराज के इलाका में रहे वालन के उच्च शिक्षा के अवसर देवे के मकसद से इंदिरा गाँधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय (इग्नू) अब राज्यभर के 400 जगहन पर प्रशिक्षण केंद्र स्थापित करे के तैयारी कर चुकल बाटे।विश्वविद्यालय के कहनाम बा कि एह केंद्रन के कम्प्यूटर सुविधा से लैस कइल जाई, ताकि सूचना प्रौद्योगिकी के माध्यम से दूरस्थ शिक्षा के बढ़ावा दिहल जा सको। एह केंद्रन से करीब 25 हजार सरकारी कर्मचारियन के भी प्रशिक्षित कइल जाई।
इस संदर्भ में बिहार सरकार इग्नू का संगे एगो समझौता पर हस्ताक्षर कइले बिया, जेकरा तहत विश्वविद्यालय राज्य के शैक्षणिक साझीदार बनल बा। एकरा अलावा अलीगढ मुस्लिम युनिवर्सिटी भी बिहार के किशनगंज जिला में 250 एकड के जमीन पर एगो बडहन अध्ययन केन्द्र खुले जा रहल बाटे।


